दिल्ली विधानसभा अध्यक्ष आ आम आदमी पार्टी के वरिष्ठ विधायक राम निवास गोयल चुनावी राजनीति से संन्यास लेबे के एलान कइले बाड़न. एही संबंध में राम निवास गोयल आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के चिट्ठी लिख के कहले कि उs अब उमर के चलते चुनावी राजनीति से दूर रहल चाहतारे लेकिन पार्टी के सेवा करत रहीहे।
Delhi Assembly Speaker and AAP MLA Ram Niwas Goel writes to party's national convener Arvind Kejriwal, stating that he would now like to stay away from electoral politics owing to his age but would continue to serve the party. pic.twitter.com/7SAGg6bjU1
— ANI (@ANI) December 5, 2024
केजरीवाल के लिखले पत्र
पार्टी प्रमुख अरविंद केजरीवाल के लिखल चिट्ठी में राम निवास गोयल कहले कि पछिला 10 साल से हम शहादरा विधान सभा के विधायक अवुरी अध्यक्ष के रूप में अपना कर्तव्य के कुशलता से निभावत बानी। रउआ हमरा के हमेशा से बहुत सम्मान देले बानी जवना खातिर हम हमेशा रउआ के आभारी रहब। पार्टी आ सभ विधायक भी हमरा के बहुत सम्मान देले बाड़े, एकरा खातिर हम सबके प्रति आभार व्यक्त करतानी। अपना उमिर के चलते हम चुनावी राजनीति से दूर होखल चाहतानी। हम रउरा सभे के भरोसा दिआवत बानी कि हम अपना पूरा मन, तन आ धन से आम आदमी पार्टी के सेवा करत रहब। हम कोशिश करब कि रउरा जवन जिम्मेदारी हमरा के सौपब ओकरा के पूरा करीं.
इहो पढ़ीं: हम रिटायर नइखी होखत… 24 घंटा में विक्रांत मैसी लिहले यूटर्न