लखनऊ। समाजवादी पार्टी अतवार के बड़ राजनीतिक कार्रवाई करत तीन विधायकन के पार्टी से निष्कासित कs देलस। निष्कासन के ई कार्रवाई पार्टी विरोधी गतिविधियन आ विचारधारा से भटकला के आरोप के चलते कइल गइल बा। पार्टी गोसाईगंज से विधायक अभय सिंह, गौरीगंज से विधायक राकेश प्रताप सिंह आ ऊंचाहार से विधायक मनोज कुमार पांडेय के निष्कासित कइले बिया।
सोशल मीडिया पs दिहल गइल जानकारी
सपा सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (पूर्व में ट्विटर) पs पोस्ट करत कहलस कि एह विधायकन के “सांप्रदायिक विभाजनकारी, किसान विरोधी, महिला विरोधी, युवा विरोधी, कारोबारी विरोधी, नौकरीपेशा विरोधी आ पीडीए विरोधी” विचारधारा के समर्थन करे के कारण पार्टी से निष्कासित कइल गइल बा।
‘अनुग्रह-अवधि’ के बाद कार्रवाई
सपा के अनुसार, एह नेता लोगन के पहिले ‘हृदय परिवर्तन’ खातिर अनुग्रह-अवधि दिहल गइल रहे, बाकिर उ अवधि पूरा हो गइल बा। पार्टी स्पष्ट कइलस कि भविष्य में जनविरोधी विचारधारा भा गतिविधियन में सामिल लोगन खातिर पार्टी में कवनो स्थान ना रहे।
मनोज पांडेय के भाजपा से नजदीकी
मनोज पांडेय पहिलही सपा से दूरी बना लेले रहस। राज्यसभा चुनाव में क्रॉस वोटिंग के बाद उ भाजपा के खेमा में लउके लागल रहस। रायबरेली लोकसभा सीट पs उनका टिकट के चरचा तक चलत रहे, बाकिर टिकट दिनेश प्रताप सिंह के मिलल।
अमित शाह कइले रहस मुलाकात
गृहमंत्री अमित शाह नाराज चल रहल मनोज पांडेय से मिले उनका घर तक गइल रहस। एकरा बाद पांडेय भाजपा खातिर प्रचारो कइलें। एह सब के बाद ई अनुमान लगावल जात रहे कि पार्टी से उनकर छुट्टी तय बा, जवन अब औपचारिक हो गइल बा।
अखिलेश यादव के नेतृत्व वाली सपा ई साफ कs देले बिया कि पार्टी के मूल विचारधारा से हटे वालन के माफ ना कइल जाई। ई फैसला आवे वाले दिनन में आउर असंतुष्ट नेता लोगन खातिर चेतावनी बन सकत बा।
Read Also: DRDO आ भारत फोर्ज मिलके बनाई नया CQB कार्बाइन, भारतीय सेना से मिलल 2000 करोड़ के ऑर्डर