साउथ के सुपरस्टार महेश बाबू के पिता कृष्णा घट्टामनेनी के आजु सुबह निधन हो गइल बा। 79 बरिस के उम्र में ऊ हैदराबाद के प्राइवेट अस्पताल में अंतिम सांस लिहलें। कृष्ण घट्टामनेनी एगो जानल-मानल तेलुगू सुपरस्टार रहनें। बता देईं कि कुछ ही महीना पहिले महेश बाबू के माता के भी निधन हो गइल रहे। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार कुछ दिन पहिले उनके पिता के हार्ट अटैक भइल रहे। जेकरे बाद आनन-फानन में उनके हैदराबाद के एगो अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। हैदराबाद के अस्पताल कॉन्टिनेंटल के डॉक्टरन के बयान सोझे आइल रहे। ऊ बतवने कि कृष्णा घट्टामनेनी के काल्ह दिल के दौरा पड़ल रहे।

कृष्ण घट्टामनेनी के अस्पताल ले गइले के बाद तुरंत उनकर इलाज शुरू कs दिहल गइल रहे। फिल्म इंडस्ट्री में कृष्णा घट्टामनेनी के योगदान के याद कइल जाई। बीतल दू महीना पहिले महेश बाबू के माता जी के निधन हो गइल रहे। उनके गम से परिवार उबर भी नाइ पवले रहल कि अब महेश बाबू के पिता चल बसलें। अभिनेता खातिर ई कौनो बड़ सदमा से कम नइखे। पिता के निधन के बाद से महेश बाबू बाउर तरीका से टूट गइल बानें।
Post Views: 3