Nepal Clash : श्रीलंका आ बांग्लादेश में सत्ता परिवर्तन करवा चुकल बाऽ Gen-Z, नेपाल में का संकट में बाऽ सरकार?

Share

सेंट्रल डेस्क। नेपाल में अतीत में कई गो विद्रोह (Nepal Clash) भइल बा, जेमे नवहन के भूमिका अहम रहल बा। पिछिला बरिस प्रदर्शनकारि फेर  से राजशाही के मांग कइले रहे लोग काहेकि इहां के राजनीतिक अस्थिरता के चलत 16 साल में 13 बेर सरकार बदल चुकल बा, बाकिर वर्तमान विरोध प्रदर्शन श्रीलंका आ बांग्लादेश में भ्रष्टाचार आ भाई-भतीजावाद के खिलाफ नवहन के आंदोलन जइसन लागत बा।

नेपाल के तरे श्रीलंका (2022) आ बांग्लादेश (2024) के आंदोलन में ‘जेन-जी’ सबसे आगे रहल बा लोग। जेनरेशन-जी के मतलब 1997 आ 2012 के बीच पैदा भइल पीढ़ी हियs। एकरा के इंटरनेट आ इंटरनेट मीडिया सहित आधुनिक तकनीक के इस्तेमाल करत बड़ भइल पहिला पीढ़ी मानल जाला।

श्रीलंका आ बांग्लादेश के फ्लैशबैक कहानी

श्रीलंका आ बांग्लादेश में इहे पीढ़ी विद्रोह के अगुआई कइले रहे। नेपाल के जइसने एह दूनो देस में विरोध प्रदर्शन तत्कालीन सरकार के विरुद्ध रहे। दूनो ममिला में विरोध प्रदर्शन सुरू में राजनीतिक ना रहे आ नेपालो में अइसने बा।

श्रीलंका में हिंसा – श्रीलंका में ईंधन आ खाद्य पदार्थ के बढ़त कमी जेन-जी के प्रदर्शन खातिर प्रेरित कइलस। प्रदर्शन सुरू में शांतिपूर्ण रहे, बाकिर बाद में राष्ट्रपति भवन पऽ कब्जा में बदल गइल, जवना के बाद राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे इस्तीफा दे देले रहस।

प्रदर्शनकारी बाद में राष्ट्रपति भवन आ प्रधानमंत्री कार्यालय पऽ हमला कs दिहलें, जवना से अंतरराष्ट्रीय समुदाय के धेयान आंदोलन पऽ गइल। कई गो रिपोर्ट में कहल गइल कि प्रदर्शनकारियन के पीछे राजनीतिक ताकत रहे, जवना के आपन स्वार्थ रहे। 2024 में नयका सरकार के सत्ता में अइला के बाद नीति आ शासन में कुछ बड़ बदलाव भइल बा।

बांग्लादेश में हिंसा- बांग्लादेश में छात्र तत्कालीन सरकार के नौकरी में कोटा नीति के विरुद्ध बड़हन पैमाना पऽ विरोध प्रदर्शन कइल लो। प्रदर्शनकारियन के तर्क रहे कि आरक्षण से योग्य लोगन के बजाय राजनीतिक निष्ठावान के फायदा होला। प्रदर्शन बढ़ला पs सुरक्षा बल बल प्रयोग कइल लोग।

अंत में प्रदर्शनकारी प्रधानमंत्री आवास घेर लिहल लो, जवना से शेख हसीना के 5 अगस्त 2024 के देस छोड़ के भागे के पड़ल आ उनका 16 साल के सत्ता के अंत हो गइल। एकरा बाद छात्र नेता भविष्य में चुनाव लड़े खातिर नेशनल सिटीजन पार्टी बनावल लोग आ नोबेल पुरस्कार विजेता डा. मुहम्मद यूनुस के देखरेख वाला अंतरिम सरकार में सामिल हो गइल लोग।

नेपाल में हिंसा

नेपाल के जइसने बांग्लादेश में ई आंदोलन डिजिटल रूप से जानकार युवा कार्यकर्ता चलावल लोग, जे विरोध प्रदर्शन खातिर पारंपरिक पार्टी संरचना के दरकिनार कs के वायरल वीडियो आ इंक्रिप्टेड चैट के इस्तेमाल कइल। श्रीलंका के तरे बांग्लादेश के छात्र लगातार प्रदर्शन आ जन आंदोलन के माध्यम से सरकार गिरा देले रहे लोग।

आंदोलन में शामिल होई अराजक तत्व

नेपाल के संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री पृथ्वी सुब्बा गुरुंग बतवलें, देशव्यापी जेन-जी आंदोलन में अराजक आ प्रतिक्रियावादी तत्व शामिल हो गइल रहलें। जेन-जी आंदोलन के मांग भ्रष्टाचार के जांच आ प्रतिबंधित इंटरनेट मीडिया के बहाली रहे, बाकिर सरकारी कार्यालय के निशाना बना के तोड़फोड़ कइल गइल, एकरा बाद कई गो दुखद घटना भइल।

जेन-जी आंदोलन के नेता कहलें कि बाहरी तत्व के घुसपैठ के कारण हिंसा भइल। उ (बाहरी तत्व) तोड़-फोड़ कइल लोग आ जबरन संसद भवन में घुसे के कोसिस कइल, जवना से हिंसा भड़क गइल।

पूर्व डीआइजी हेमंत मल्ला कहलें, “सरकार के खुफिया एजेंसी स्थिति के सही आकलन ना कइल, जवना के कारण जानमाल के नुकसान भइल। जदि उ प्रदर्शन के पैमाना के सही आकलन कइले रहित आ तइयारी कइल गइल रहित, तs इस्थिति के बेहतर ढंग से संभारल जा सकत रहे।”

Read Also: Bihar Politics : सिटिंग सीट पऽ लालू यादव के RJD में होड़, नीतीश कुमार के JDU में शांति

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-