Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्व पीएम राजीव गांधी के पुण्यतिथि पs सोनिया-राहुल दिहले लो श्रद्धांजलि, कईगो शीर्ष नेता लो पहुंचले वीर भूमि

141
Google Ads 300*250 for posts

 

आजु सबेरे मल्लिकार्जुन खड़गे, सोनिया गांधी, राहुल गांधी, रॉबर्ट वाड्रा दिल्ली के वीर भूमि पहुंचले। राजीव गांधी के श्रद्धांजलि देत एहिजा फूल चढ़ावल गइल. एकरा संगे सचिन पायलट भी इहाँ पहुंच के श्रद्धांजलि देले।

एकरा संगे कांग्रेस नेता पी चिदंबरम भी वीर भूमि पहुंचले अवुरी राजीव गांधी के श्रद्धांजलि देले। एक के बाद एक कांग्रेस के शीर्ष नेता वीर भूमि ले पहुंच के राजीव गांधी के नमन करत बाड़े।

बता दीं कि 21 मई 1991 के तमिलनाडु में चुनावी रैली के दौरान राजीव गांधी पs आत्मघाती हमला भईल रहे, जवना में उनुकर हत्या हो गईल रहे। चेन्नई के लगे श्रीपेरम्बदूर में मानव बम से उनकर हत्या कs दिहल गइल.

जांच के बाद पता चलल कि उनुकर हत्या एगो महिला कईले रहे, जवन कि मानव बम लेके रैली में पहुंचल रहे। जब उs राजीव गांधी के लगे पहुंचली तs उनुकर गोड़ छूवे खातीर झुक गईली। एs दौरान महिला अपना कमर पs ट्रिगर दबा देलस। जवना के बाद इहाँ विस्फोट भईल अवुरी राजीव गांधी समेत 18 लोग के मउत हो गईल।

मानव बम के रूप में आईल महिला के नाम धनु रहे अवुरी उ लिट्टे के सदस्य रहली। एह मामिला में 26 गो दोषियन के फाँसी के सजा सुनावल गइल. बाकीर मई 1999 में सुप्रीम कोर्ट 19 लोग के बरी कs दिहलस।

बाकी सात आरोपी में से चार आरोपी नलिनी, मुरुगन, संथन, पेरारिवलन के फांसी के सजा सुनावल गईल। जबकि रविचंद्रन, रॉबर्ट अवुरी जयकुमार के उम्रकैद के सजा सुनावल गईल।

फाँसी के सजा सुनावल गइल चारो आरोपियन के दया याचिका के बाद सजा के आजीवन कारावास में बदल दिहल गइल. बाकी आरोपी के दया याचिका के राष्ट्रपति 2011 में खारिज कs देले रहले।

एह साल ओह लोग के सजा पूरा हो गइल आ ओह लोग के रिहा कs दिहल गइल. अब राजीव गांधी के हत्या के मामिला में केहु जेल में नईखे। मुरुगन, जयकुमार आ रॉबर्ट के सजा तीन दशक कट गइल आ रिहाई के बाद ओह लोग के श्रीलंका देश निकाला कs दिहल गइल.

 

 

835660cookie-checkपूर्व पीएम राजीव गांधी के पुण्यतिथि पs सोनिया-राहुल दिहले लो श्रद्धांजलि, कईगो शीर्ष नेता लो पहुंचले वीर भूमि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.