लाइफस्टाइल डेस्क। डायबिटीज एगो अइसन बेमारी हs जवन देह के कइयन गो अंग के प्रभावित करेला, खास कs के दिल के। एकर अंदाजा रउआ एकरा से लगा सकेनी कि डायबिटीज के मरीजन में हार्ट अटैक के खतरा (High Blood Sugar and Heart Attack) सामान्य लोगन के तुलना में लगभग दोगुना जादे होला।
खाली डायबिटीज के मरीजे ना, जदि राउर ब्लड शुगर लेवल तनिका सा बढ़ल होई , तऽ ई धीरे-धीरे दिल के नुकसान पहुंचा सकेला। जी हs, एकरा खातिर हार्ट के हेल्दी रखे खातिर ब्लड शुगर लेवल मॉनिटर कइल बहुते जरूरी बा। आईं जानल जाव कइसे हाई ब्लड शुगर हार्ट खातिर खतरनाक होला (Diabetes and Heart Health) आ एकरा से बचाव खातिर का कदम उठावल जा सकेला।
कइसे नुकसान पहुंचावेला हाई ब्लड शुगर?
आर्टरीज में सूजन आ स्टिफनेस- लगातार हाई ब्लड शुगर लेवल से ब्लड वेसल्स के दीवार सख्त हो जाला ह, जेसे एथेरोस्क्लेरोसिस के समस्या होला । एसे हार्ट तक सही मात्रा में खून ना पहुंच पावेलाऽ आ हार्ट अटैक के खतरा बढ़ जाला ।
कोलेस्ट्रॉल के बढ़ल- डायबिटीज के मरीजन में अक्सर अच्छा कोलेस्ट्रॉल के स्तर कम आ खराब कोलेस्ट्रॉल के स्तर ढेर होला। इ कोलेस्ट्रॉल आर्टरीज में जमा होके ब्लॉकेज के कारण बनेला।
हाई ब्लड प्रेशर-डायबिटीज आ हाई ब्लड प्रेशर के गहरा कनेक्शन हs। ब्लड शुगर बढ़ला से ब्लड प्रेशर बढेला, जवना से दिल पऽ एक्स्ट्रा दबाव पड़ेला।
नर्व डैमेज (न्यूरोपैथी)- डायबिटीज के कारण नर्व्स डैमेज हो सकेला, जवना से दिल के धड़कन प्रभावित होला आ अचानक कार्डियक अरेस्ट के खतरा बढ़ जाला।
हार्ट अटैक के खतरा के कइसे कम करीं?
- ब्लड शुगर के कंट्रोल में रखीं
- नियमित रूप से ब्लड शुगर चेक करीं।
- डॉक्टर के सलाह पऽ दवा या इंसुलिन लेंईं।
- लो ग्लाइसेमिक इंडेक्स वाला फूड्स,जइसे- हरा सब्जि, दाल, साबुत अनाज आदि खाई
हेल्दी डाइट फॉलो करीं
- तला-भुना, मीठा आ प्रोसेस्ड फूड कम खाई।
- ओमेगा-3 फैटी एसिड से भरपूर फूडस्, जइसे- अलसी,मछली, अखरोट आदि हार्ट के खातिर फायदेमंद ह।
- नमक के मात्रा कम करीं ताकि ब्लड प्रेशर न बढ़े।
- नियमित एक्सरसाइज करीं
- रोजाना 30-45 मिनट टहलीं, योग या एरोबिक्स करीं
- वजन कंट्रोल करीं, काहेंकी मोटापा डायबिटीज आ हार्ट
- दूनों के खातिर हानिकारक हs।
- स्मोकिंग आ शराब से दूर रहीं
- स्मोकिंग आ अल्कोहल आर्टरीज के नुकसान पहुंचावेलाऽ, जइसे हार्ट अटैक क खतरा बढ़ेलाऽ।
- तनाव कम करीं
- मेडिटेशन आ डीप ब्रीदिंग जइसन स्ट्रेस मैनेजमेंट एक्टिविटीज करीं।
- रोज 7-8 घंटा के नींद लीं।
- नियमित हार्ट चेकअप कराईं।
- डायबिटीज के मरीजन के साल में एक बेर ECG, कोलेस्ट्रॉल आ हार्ट फंक्शन टेस्ट जरूर करावेक चाहीं।