Asia Cup 2022 : अफगानिस्तान जीत के साथे कइलस आगाज, श्रीलंका के एकतरफा मुकाबला में 8 विकेट से रउदलस

Share

अफगानिस्तान ने एशिया कप के मुख्य चरण के सुरुआती टी20 मुकाबला में सनीचर के श्रीलंका के आठ विकेट से करारा शिकस्त देलस। अफगानिस्तान जीत खातिर मिलल 106 रन के लक्ष्य के 10.1 ओवर में हासिल कs लेलस। टीम खातिर बाद में रहमानउल्लाह गुरबाज 40 आ हजरतउल्लाह जजई नाबाद 37 रन बनवले। टॉस जीतके गेंदबाजी के फसीला कइला के बाद फारूकी पहिला ओवर के आखिरी दु गेना पs कुसल मेंडिस (दु) आ चरिथ असलंका (शून्य) के पगबाधा कs के अफगानिस्तान के सानदार सुरुआत दिलवलस।

दूसरा ओवर में गेंदबाजी खातिर आइल नवीन उल हक पथुम निसंका (तीन) के विकेटकीपर रहमानउल्लाह गुरबाज के हाथन कैच कराके अफगानिस्तान के तीसरा सफलता दिलवलस। एकरा बाद फारुकी मेडन ओवर डलले, जेसे तीन ओवर के बाद श्रीलंका स्कोर तीन विकेट पs पांच रन रहे।

भानुका राजपक्षे चउथा ओवर में नवीन के खिलाफ छक्का तs दनुष्का गुणतिलका चउका जड़के दबाव कम कइल लो। दूनो पावर प्ले के आखिरी ओवर में अजमतउल्लाह ओमरजाई के खिलाफ दु-दु चउकल लगाके ओवर से 20 रन बटोरलस लो। एसे छह ओवर के बाद श्रीलंका के स्कोर तीन विकेट पs 41 रन हो गइल। दुनो के खतरनाक होत जोड़ी के मुजीब उर रहमान आठवां ओवर में गुणतिलका के आउट कs के तुरले। ऊ 17 गेना में 17 रन बनवला के साथे राजपक्षे के संगे चउथा विकेट खातिर 44 रन के साझेदारी कइलस।

मुजीब पारी के 10वां ओवर में वनिंदु हसरंगा (दु रन) के कप्तान मोहम्मद नबी के हाथन कैच करवले तs ओहिजा नबी अगिला ओवर के पहिला गेना पs श्रीलंका के कप्तान दासून शनाका के खाता खोलला बगैर चलता कइले। शानदार बल्लेबाजी कर रहल राजपक्षे आ महीश तीक्षना (शून्य) 13वां ओवर में लगातार दु गेनन पs रन आउट हो गइल लो। ओवर थ्रो पs रन चुरावे के कोसिस कs रहल राजपक्षे के नबी रनआउट कइलें। तीक्षना कर नवीन उल हक के थ्रो पs विकेटकीपर गुरबाज पवेलियन के राह देखवले।

नबी एकरा बाद अपना स्पैल के आखिरी गेना पs मथीश पथिराना (पांच) के आउट कs के अफगानिस्तान के 15वां  ओवर में 75 रन पs नौवां सफलता दिला देले। करुणारत्ने ओइसे एकरा बाद 11वां क्रम के बल्लेबाज दिलशान मदुशंका (नाबाद एक) के संगे 30 रन के साझेदारी कs के टीम के स्कोर को 100 के पार पहुंचवले। ऊ पारी के आखिरी ओवर में फारुकी के तीसरका शिकार बनले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-