बिजनेस डेस्क। पिछिला हफ्ता भर भारी उतार-चढ़ाव देखला के बाद सोमार के दिन सर्राफा बाजार में सोना आ चांदी दुनो में जोरदार तेजी देखे के मिलल। बुलियन वेबसाइट के मोताबिक चांदी एक झटका में ₹14,800 बढ़ के ₹2.65 लाख प्रति किलो पs पहुंच गइल। ओहिजा, सोना ₹3,050 चढ़ के ₹1.58 लाख प्रति 10 ग्राम के स्तर पs कारोबार करे लागल।
सुरुआती कारोबार में एमसीएक्स पs तेजी साफ नजर आई। एमसीएक्स पs चांदी ₹5,185 महंगा होके ₹2.49 लाख प्रति किलो पर पहुंच गइल। ओहिजा, सोना के भाव ₹3,428 बढ़के ₹1.55 लाख प्रति 10 ग्राम तक चढ़ गइल।
अंतरराष्ट्रीय बाजार में भाव
एशियाई बाजार में कारोबार के दौरान स्पॉट गोल्ड करीब 1.18 फीसदी चढ़के $5,040 प्रति औंस पs पहुंच गइल। ओकरा संगे स्पॉट सिल्वर में तगड़ा तेजी देखे के मिलल आ ई 3.39 फीसदी उछाल के संगे $79.89 प्रति औंस पs कारोबार करत नजर आइल।
हालांकि, एह तेजी के बादो सोना आ चांदी अभी आपन रिकॉर्ड स्तर से नीचे चल रहल बा। सोना आपन अब तक के सबसे ऊंच स्तर $5,608.35 से करीब 11.27 फीसदी नीचे बा। ओहिजा, चांदी 29 जनवरी के बनल ऑल टाइम हाई $121.67 से लगभग 52.29 फीसदी गिरल हालत में बा।
तेजी के मुख्य कारण का बा?
बाजार में आइल तेजी के सबसे बड़ कारण जापान में सत्तारूढ़ प्रधानमंत्री साने ताकाइची के निर्णायक चुनावी जीत बतावल जा रहल बा। चुनाव नतीजा के बाद जापान में उदार राजकोषीय नीति लागू होखे के उम्मेद मजबूत भइल बा। एकरा चलते येन पs दबाव बढ़ल बा, आ ई इस्थिति सोना खातिर सकारात्मक मानल जात बा। ब्लूमबर्ग के रिपोर्ट के मोताबिक, एह उम्मीदन से कीमती धातु के मांग के अच्छा सहारा मिल रहल बा।
अमेरिकी आंकड़न पs निवेशकन के नजर
अब निवेशक अमेरिका से आवे वाला अहम आर्थिक आंकड़न पs नजर टिकवले बा लोग। एह आंकड़न से फेडरल रिजर्व के आगे के नीति पs संकेत मिल सकेला। जनवरी महीना के रोजगार आंकड़ा बुध के जारी होखे के संभावना बा, जवना से श्रम बाजार के हालत के अंदाजा लागी। ओहिजा, महंगाई से जुड़ल आंकड़ा सुक के सामने आई।
पिछिला हफ्ता काहे गिरल रहे कीमत ?
पिछिला सप्ताह सोना आ चांदी दुनो में भारी गिरावट देखे के मिलल रहे। एकर मुख्य कारण मुनाफावसूली, अमेरिकी डॉलर के मजबूती आ रियल यील्ड्स में बढ़ोतरी रहे। एह वजह से सुरक्षित निवेश के रूप में कीमती धातुअन के चमक कुछ फीका पड़ गइल रहे।
कुल मिलाके, निकट भविष्य में अंतरराष्ट्रीय राजनीतिक घटनाक्रम आ अमेरिका के मैक्रो आर्थिक डेटा सोना-चांदी के चाल तय करे में अहम भूमिका निभावत रही।







