IND vs PAK : नकवी के ‘जाहिल’ कहला के बाद शोएब अख्तर के यू-टर्न, सफाई देत बोललें- पीसीबी अध्यक्ष हमार भाई हवें, जानीं पूरा ममिला

Shoaib Akhtar criticizing PCB chairman and Babar Azam after India defeated Pakistan in T20 World Cup match

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत-पाकिस्तान मुकाबला के बाद पाकिस्तान क्रिकेट में बयानबाजी तेज हो गइल बा। पाकिस्तान के पूर्व तेज गेंदबाज आ ‘रावलपिंडी एक्सप्रेस’ के नाम से मशहूर शोएब अख्तर पहिले पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अध्यक्ष के ‘अयोग्य आ जाहिल’ कहलें। बाकिर 24 घंटा के भीतर ऊ आपन बयान से पलट गइलें आ सफाई देलें।

पहिले का कहलें?

भारतीय चैनल पs बातचीत करत अख्तर कड़क टिप्पणी कइले रहलें। ऊ कहलें कि मोहसिन नकवी जइसन आदमी पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अध्यक्ष पद खातिर ठीक नइखें। अख्तर बोललें- “जदि केहू हमरा के चैनल के चेयरमैन बना दीं, तs हमरा का पता चली कि ऊ कइसे चली? इहां एगो अइसन आदमी बा, जेकरा पता नइखे आ ऊ पीसीबी के चेयरमैन बा। तs टीम कइसे चली?”
एकरा आगे ऊ कहलें- “दुनिया के सबसे बड़ा अपराध का हs? अयोग्य आ जाहिल आदमी के बड़ जिम्मेदारी दे दिहल।” एह बयान के बाद पाक क्रिकेट हलका में खलबली मच गइल।

24 घंटा में बदले रुख

हालांकि पाकिस्तानी चैनल एआरवाई पs बतौर एक्सपर्ट अख्तर आपन बात साफ कइलें। ऊ बोललें- “जवन ‘अयोग्य आ जाहिल’ शब्द हम इस्तेमाल कइनी, ऊ मोहसिन नकवी भाई खातिर ना रहे। लोगन के अइसन लागल जइसे हम उनका बारे में कहनी। हम व्यापक संदर्भ में बोलत रहनी- अइसन आदमी कवनो संस्थान के नुकसान पहुंचा सकेला। हमार इशारा इंटरनेशनल क्रिकेट चलावे वाला टॉप अफसरन के ओर रहल। टीवी चैनल बात घुमा देलस।”

अख्तर इहो जोड़लें- “ओही कार्यक्रम में हम इहो कहले रहीं कि मोहसिन नकवी के बारे में गलत बात ना कहीं। ऊ बढ़िया इंसान हवे आ पाकिस्तान क्रिकेट के मदद कइल चाहत बाड़ें, बाकिर सही सलाह नइखे मिलत।” बयान देत समय ऊ कइयन बेर हकलात आ शब्द दोहरावत नजर अइलें, जवना से यू-टर्न के चरचा आउर तेज हो गइल।

नाराजगी के असली वजह

अख्तर मनलें कि ऊ नकवी से नाराज बाड़ें, बाकिर पीसीबी चलावे के तरीका पs ना। ऊ बोललें- “हम नाराज एह बात से बानी कि ऊ एगो स्टैंड लेलें, बाकिर ओकरा पs टिकल ना रहलें। पूरा समुदाय उनका संगे रहे। यू-टर्न लेवे से पहिले हमरा से पूछ सकत रहलें।” ई इशारा टी20 वर्ल्ड कप के दौरान भारत के खिलाफ बहिष्कार वाला रुख से पीछे हटे पs रहल।

बाबर आ शाहीन पs निशाना

अख्तर टीम के दुगो बड़ सितारा बाबर आ शाहीन अफरीदी पs सवाल उठवलें। ऊ बोललें-“शाहीन फिट नइखें। ऊ 125 किमी/घंटा से ऊपर गेंदबाजी नइखन कs पावत। आउर बात- बाबर आजम तबे परफॉर्म करिहें जब ऊ ओपनर के रूप में खेलिहें। मिडिल ऑर्डर में उनकर कवनो उपयोग नइखे। ई फॉर्मेट उनका खातिर बनले नइखे।”

आगे ऊ कहलें- “शादाब के चयन समझ से बाहर बा। हमनी के भारत के खिलाफ अनुकूल नइखी। ऊ हमनी से 50 बरिस आगे के क्रिकेट खेल रहल बा लोग।” टीम के नाकामी खातिर सबका के जिम्मेदार ठहरावत ऊ बोललें- “एह खातिर हमनी के सब केहू जिम्मेदार बानी सs हमनी के, क्रिकेट बोर्ड, मीडिया, सब केहू। हमनी के गलत लोगन के चुननी सs आ स्टार बना देनी सs। क्रिकेट इंफ्रास्ट्रक्चर में निवेश ना कइनी सs।”

Read Also: 17 फरवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-