शर्मनाक: मेरठ में बेटा ना होखला के चलते पिता अपना तीनों बेटी के नहर में फेंक देलख, माई जान जोखिम में डाल के ओ लोग के बचा लली

Raj Nandani

मेरठ के सरधाना से एगो सनसनीखेज घटना सोझा आइल बा। इहाँ एगो बाप बेटा ना होखला के चलते अपना तीनों बेटी के नहर में फेंक देलख। जब पत्नी अपना बेटी के जान लेबे के विरोध कइली तs ऊ ओकरा के पीट-पीट के हत्या कs देले।

मेरठ के सरधाना में एगो आदमी बेटा ना होखला के चलते अपना तीन बेटी के नहर में फेंक देलख। सौभाग्य रहे कि माई समय रहते पहुंच के तीनों बेटी के बचा लिहली। खिसियाइल पिता अपना पत्नी के विरोध करत घरी बहुत मारपीट कइलख। महिला के हालत गंभीर बनल बा। उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। आरोपी पिता के हिरासत में लिहल गइल बा।

ठीक दु महीना बाद सरधाना थाना क्षेत्र के गांव मंढियाई में एगो अउरी सनसनीखेज मामला सोझा आइल बा। इहाँ बेटा ना होखला के चलते एगो पिता अपना तीन बेटी के गंगा नहर में फेंक देलख। बाकी माई रोवत-रोवत मौका पs पहुंच गइली।

जब महतारी अपना पति के विरोध कइली तs पति पत्नी पs जानलेवा हमला कs देलख। हालांकि जवना के बाद उनकर हालत अउरी खराब हो गइल, बाकी महतारी अपना जान के जोखिम में डाल के अपना तीनों बेटी के जान बचा लिहली। बेटी के महतारी के हालत गंभीर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

एही गाँव में ठीक दू महीना पहिले एगो बाप अपना ढाई साल के मासूम बेटी के जिंदा गंगा नहर में फेंक देले रहले। अइसन घटना से सबके दिल के कचोटेला। बाकी दु महीना के भीतर भइल दूसरा घटना चौंका देलस।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।