राजगीर-गुरपा आ पाटलिपुत्र-झंझारपुर स्पेशल 7 दिसंबर तक रोज चली

Anurag Ranjan

भारतीय रेलवे यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत पांच गो महत्वपूर्ण मार्गन पs विशेष ट्रेन सेवा के विस्तार करे के निर्णय लेले बा। ई निर्णय यात्रियन के जादे सुविधा आ परिवहन के बेहतर विकल्प प्रदान करे के उद्देश्य से लिहल गइल बा।

एह स्पेशल ट्रेनन के बढ़ल सेवा विस्तार

  1. गाड़ी सं. 12149/12150 पुणे-दानापुर-पुणे एक्सप्रेस के रेक से चलावल जा रहल गाड़ी संख्या 03350/03349 दानापुर-सहरसा-दानापुर स्पेशल अब 1 दिसंबर से 7 दिसंबर तक रोज चलावल जाई।
  1. गाड़ी सं. 13245/46/47/48 कैपिटल एक्सप्रेस के रेक से चलावल जा रहल गाड़ी संख्या 03319/03320 राजेन्द्रनगर-आरा-राजेन्द्रनगर स्पेशल अब 1 दिसंबर से 7 दिसंबर तक रोज चलावल जाई।
  2. गाड़ी सं. 13233/13234 दानापुर-राजगीर-दानापुर इंटरसिटी एक्सप्रेस के रेक से चलावल जा रहल गाड़ी संख्या 03322/03321 राजगीर-गुरपा-राजगीर स्पेशल अब 1 दिसंबर से 7 दिसंबर तक रोज चलावल जाई।
  3. गाड़ी संख्या 05574/05573 पाटलिपुत्र-झंझारपुर-पाटलिपुत्र स्पेशल अब 1 दिसंबर से 7 दिसंबर तक रोज चलावल जाई।
  4. गाड़ी संख्या 03347/03348 पटना-आरा-पटना स्पेशल अब 1 दिसंबर से 6 दिसंबर तक हफ्ता में तीन दिन अतवार, बुध आ सुक के चलावल जाई।

इहो पढ़ीं: जम्मू कश्मीर के कुलगाम में सुरक्षाबलन के बड़ कार्रवाई, हथियारन के संगे 2 आतंकी गिरफ्तार

Share This Article
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment