Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में हरियाली लवटल; सेंसेक्स 300 अंक मजबूत भइल, निफ्टी 25850 के पार

share market

Share

बेंचमार्क इक्विटी इंडेक्स सेंसेक्स आ निफ्टी मंगर के हरियाली लवट आइल। निवेशक पिछला सत्र में करीब-करीब रिकॉर्ड स्तरन पs मुनाफावसूली कइल लो जवना से बाजार में लाल निशान पs क्लोजिंग भइल रहे। हालांकि, मंगर के इंडेक्स हैवीवेट शेयरन पs रिलायंस इंडस्ट्रीज, आईटी आ बैंकिंग शेयरन में बढ़त दिखल। सबेरे 9:19 बजे बीएसई सेंसेक्स 328 अंक भा 0.39% बढ़के 84,628 पs कारोबार करत दिखल। निफ्टी50 85 अंक भा 0.33% मजबूत होके 25,895 पs कारोबार करत दिखल।

मासिक बिक्री डेटा जारी होखे से पहिले ऑटो शेयरन में 1.6% तक के तेजी

एचडीएफसी बैंक, इंफोसिस, एलएंडटी, आईसीआईसीआई बैंक, रिलायंस इंडस्ट्रीज, एक्सिस बैंक आ टेक महिंद्रा सेंसेक्स के बढ़त में सबसे बड़ जोगदान देलस, जबकि एशियन पेंट्स, जेएसडब्ल्यू स्टील, बजाज फाइनेंस, टाटा स्टील आ एचयूएल में गिरावट दर्ज कइल गइल। घरेलू मोर्चन परs, दिन में बाद में मासिक बिक्री डेटा जारी होखे से पहिले ऑटो शेयरन में 1.6% तक के तेजी आइल। निफ्टी ऑटो इंडेक्स में अशोक लीलैंड सबसे जादे लाभ में रहल। फेडरल रिजर्व के चेयरमैन जेरोम पॉवेल के टिप्पणियन के बाद निफ्टी आईटी सूचकांक में 0.9% के बढ़न्ती भइल, जवना के नेतृत्व टेक महिंद्रा, इंफोसिस आ एम्फैसिस कइलस, जवना से एगो आउर महत्वपूर्ण दर कटौती के उम्मीद धूमिल हो गइल।

स्पाइसजेट में 5.5% के बढ़त दर्ज कइल गइल 

जेरोम पॉवेल सोमार के संकेत बा कि नया आंकड़न से आर्थिक बढ़न्ती उपभोक्ता खर्च में विश्वास बढ़ला के बाद अमेरिकी केंद्रीय बैंक संभवतः नीतिगत दरन में कटौती पs कायम रही। व्यक्तिगत शेयरन में, स्पाइसजेट में 5.5% के बढ़त दर्ज कइल गइल। गुजरात इस्थित प्लूटस वेल्थ मैनेजमेंट ब्लॉक डील के माध्यम से स्पाइसजेट के 85 लाख शेयर, जवना के कीमत 51 करोड़ रुपिया बा के अधिग्रहण कइले बा। एह खबर के बाद एयरलाइन के शेयरन में मजबूती दर्ज कइल गइल।

एशियाई बाजारन में दिखल तेजी

एशियाई शेयर मंगलवार को ढाई साल के उच्चतम स्तर के करीब पहुंच गए। जापान के बाहर एशिया-प्रशांत शेयरों का MSCI का सबसे बड़ा सूचकांक मंगलवार को 0.13% नरमी के साथ 620.05 पर पहुंच गया, यह सोमवार को छुए गए ढाई साल के उच्चतम स्तर 627.66 से थोड़ा नीचे रहा। इस साल अब तक सूचकांक में 17% की वृद्धि हुई है। जापान का निक्केई सोमवार को 4.8% गिरने के बाद शुरुआती कारोबार में 1.5% चढ़ा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-