सकारात्मक वैश्विक संकेतन के बाद घरेलू शेयर बाजार में सुक के सानदार बढ़त दिखल। सेंसेक्स सुक के 1,000 अंकन से जादे के बढ़त के संगे खुलल, जबकि निफ्टी 24,350 के स्तर से ऊपर पहुंच गइल।
अमेरिकी श्रम बाजार के आंकड़ा दुनिया के सबसे बड़ अर्थव्यवस्था में मंदी के चिंता के कम कs देलस। एकरा बाद वैश्विक स्तर पs सब सेक्टरन में खरीदारी देखे के मिलल। एह बीच, बीएसई पs सब सूचीबद्ध कंपनियन के बाजार पूंजीकरण 4.4 लाख करोड़ रुपिया बढ़के 450.15 लाख करोड़ रुपिया हो गइल।
सेंसेक्स के सब 30 शेयरन में तेजी रहल आ टेक महिंद्रा, एचसीएल टेक, टाटा मोटर्स, महिंद्रा एंड महिंद्रा, इन्फोसिस आ टीसीएस में 2.5 प्रतिशत तक के तेजी रहल।
Post Views: 144