Share Market : ईरान-अमेरिका सीजफायर के बाद सेंसेक्स 2700+ आ निफ्टी 815 अंक उछलल, रुपिया 50 पईसा मजबूत

Share

सेंट्रल डेस्क। ईरान-अमेरिका के बीच सीजफायर (युद्धविराम) के एलान के बाद भारतीय शेयर बाजार में जोरदार तेजी देखे के मिलल बा। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 2700 अंक से जादे चढ़ गइल, जबकि निफ्टी 815 अंक उछल के 23,900 के पार पहुंच गइल। बाजार में निवेश करे वाला लोगन के उत्साह साफ नजर आ रहल बा।

एह तेजी के मुख्य वजह अमेरिका आ ईरान के बीच तनाव कम होखल मानल जा रहल बा। दुनो देसन के बीच सहमति बनला से ग्लोबल मार्केट में सकारात्मक संकेत मिलल बा, जवना के सीधा असर भारतीय बाजार पs पड़ल बा। अब निवेशकन के नजर आज आवे वाला आरबीआई (भारतीय रिजर्व बैंक) के मौद्रिक नीति समिति (एमपीसी) के फैसला पs टिकल बा।

रुपिया में मजबूती देखे के मिलल बा। सुरुआती कारोबार में रुपिया 50 पईसा मजबूत होके डॉलर के मुकाबले 92.56 पs पहुंच गइल। ई बतावत बा कि अंतरराष्ट्रीय स्तर पs माहौल इस्थिर होखत बा, जवन भारतीय अर्थबेवस्था खातिर अच्छा संकेत मानल जा रहल बा।

एकरा पहिले मंगर के दिने बाजार हरियर निशान पs बंद भइल रहे। बीएसई सेंसेक्स 509.73 अंक माने 0.69 प्रतिशत चढ़ के 74,616.58 पs बंद भइल। दिन भर के कारोबार में सेंसेक्स 74,686.32 के ऊपरी स्तर आ 73,282.41 के निचला स्तर तक गइल, जहां करीब 1,403 अंक के उतार-चढ़ाव देखे के मिलल।

ओहिजा, एनएसई निफ्टी 155.40 अंक माने 0.68 प्रतिशत बढ़के 23,123.65 पs बंद भइल। कुल मिलाके, बाजार में तेजी के माहौल बनल बा आ निवेशक लोग आगे के फैसला के इंतजार में बा।

Read Also: 08 अप्रिल 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-