नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज नई दिल्ली के यशोभूमि में सेमीकॉन इंडिया-2025 के उद्घाटन करिहें। ई भारत के सबसे बड़ सेमीकंडक्टर आ इलेक्ट्रॉनिक्स शो हs। सेमीकॉन इंडिया-2025 के चउथा संस्करण अब तक के सबसे बड़ आयोजन होई, जेमे 33 देसन के 350 से जादे कंपनी आ रिकॉर्ड संख्या में वैश्विक प्रतिनिधि भाग लिही लोग। एह पहल के उद्देश्य भारत के सेमीकंडक्टर महाशक्ति बनावल बा।
प्रधानमंत्री कार्यालय सोमार के एगो बयान में कहलस कि पीएम 3 सितंबर के सबेरे साढ़े 9 बजे एह सम्मेलन में भाग लिहें। एह दौरान उ सीईओ गोलमेज सम्मेलन में सामिल होइहें। 2 से 4 सितंबर तक चले वाला ई तीन दिवसीय सम्मेलन भारत में एगो मजबूत, लचीला आ टिकाऊ सेमीकंडक्टर पारिस्थितिकी तंत्र के आगे बढ़ावे पs केंद्रित होई। सेमीकंडक्टर आधुनिक तकनीक के हृदय हs। ई स्वास्थ्य, परिवहन, संचार, रक्षा आ अंतरिक्ष जइसन महत्वपूर्ण क्षेत्रन खातिर बहुते अहम बा। जइसे-जइसे दुनिया डिजिटलाइजेशन आ ऑटोमेशन के ओर बढ़ रहल बिया, सेमीकंडक्टर आर्थिक सुरक्षा आ रणनीतिक स्वतंत्रता के आधार बन गइल बा।
सेमीकंडक्टर इंडस्ट्री पs होई बड़ फोकस
तीन दिन चले वाला ई सम्मेलन सेमीकंडक्टर फैब, एडवांस पैकेजिंग, स्मार्ट मैन्युफैक्चरिंग, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आ रिसर्च एंड डेवलपमेंट पs केंद्रित होई। एमे डिजाइन लिंक्ड इंसेंटिव (DLI) योजना, स्टार्टअप इकोसिस्टम के प्रगति आ अंतरराष्ट्रीय सहजोग जइसन मुद्दा सामिल होई।
वैश्विक सहभागिता आ निवेश संभावना
सम्मेलन में 150 से जादे वक्ता आ 50 से जादे वैश्विक नेता भाग लिही लोग। संगही 350 से जादे प्रदर्शक आपन तकनीकी क्षमता पेश करी लोग। छव देसन के राउंडटेबल चरचा, स्टार्टअप आ वर्कफोर्स डेवलपमेंट खातिर विशेष पवेलियन एह आयोजन के हिस्सा होई।
चार साल में विजन के वास्तविकता में बदलल गइल
2021 में इंडिया सेमीकंडक्टर मिशन (आईएसएम) सुरू होखला के बाद खाली चार बरिसन में भारत आपन सेमीकंडक्टर यात्रा के विजन के वास्तविकता में बदल देले बा। एह विजन के मजबूत करे खातिर सरकार 76,000 करोड़ के प्रोडक्शन लिंक्ड इंसेंटिव (पीएलआई) योजना सुरू कइले बिया।
Read Also: Share Market : सेंसेक्स आ निफ्टी में बढ़त के संगे सुरुआत, डॉलर के मुकाबले रुपिया में मामूली गिरावट