Sembi: ओटीटी पs रिलीज होखे खातिर तईयार तमिल थ्रिलर ‘सेम्बी’, जानी दर्शक लोग कब अउरी कहां देख सकत बा एह फिलिम के!

Share

सेम्बी’ एगो तमिल भाषा के ड्रामा थ्रिलर फिलिम बिया। अब ई फिल्म डिजिटल प्लेटफॉर्म पs प्रीमियर खातिर पूरा तरह से तईयार बीया।फिल्म ‘सेम्बी’ में कोवई सरला और अश्विन लक्ष्मीकांत  मुख्य भूमिका निभवले बा लोग। एह फिल्म में थम्बी रमैया आ नंजिल संपत भी बाड़े। ‘सेम्बी’ के प्रभु सोलोमन  निर्देशित कइले बाड़े ।  एह फिल्म मेकर्स लोग आज सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs , ओटीटी प्लेटफॉर्म पs रिलीज करने की घोषणा कइले बाड़े अउरी इहो बतवले हs लोग कि ई फिल्म कब अउरी कहां रिलीज होई।

सेम्बी’ एगो तमिल भाषा के ड्रामा थ्रिलर फिलिम बिया। अब ई फिल्म डिजिटल प्लेटफॉर्म पs प्रीमियर खातिर पूरा तरह से तईयार बीया। आजे एह बात के घोसणा एह फिलिम के मेकर्स लोग सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs कईलस हs।

दर्शक लोगन के ई फिल्म ओटीटी प्लेटफॉर्म डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs देखे के मिली। दरअसल, मेकर्स लोग ई घोषणा कइले बा कि एगो इंटेंस इमोशनल थ्रिलर तमिल फिल्म ‘सेम्बी’ ओटीटी प्लेटफॉर्म डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs प्रीमियर खातिर पूरा तरह तईयार बीया। ई फिल्म के स्ट्मिंग 3 फरवरी, 2023 से  डिजनी प्लस हॉटस्टार पs  शुरू होई।

सेम्बी’ के कहानी एगो 10 बरीस के सेम्बी आ ओकर दादी वीराथयी के इर्द-गिर्द घूमत बीया , जे लोग मधुमक्खी पालन से आपन जिनगी के केहू तरे घिंच- घांच के गुजर बसर कर रहल बा लोग ,  कोडाइकनाल के पहाड़ी क्षेत्रन में  बड़ा सुख आ शांति से रहत बा लोग । उ लोग एगो बड़ा निमन जिनगी जीयत रहेला, बाकिर एक दिने तीन गो खूंखार बदमाश सेम्बी के यौन उत्पीड़न करत बाड़े सs आ ओह लोग मय सपना झट से तूर देत बाड़े सs। एगो पुलिस अधिकारी सेम्बी के बहुते पीटत बा आ ओकरा दादी के एह  मामला के वापस लेबे खातिर मजबूर करत बा ।

फिल्म ‘सेम्बी’ में संगीत निवास प्रसन्ना के बा आ छायांकन जीवन कइले बाड़े । फिल्म के संपादन बुवन कइले बाड़े। ई फिल्म ट्राइडेंट आर्ट्स आ एआर एंटरटेनमेंट द्वारा संयुक्त रूप से निर्मित बिया। ई एगो इमोशनल ड्रामा फिल्म बीया, जवन एगो दुर्व्यवहार पीड़िता आ ओकरी दादी के न्याय खातिर लड़त लड़ाई के कहानी के दर्शावत बा। अब एह फिल्म के माजा दर्शक लोग ओटीटी पs भी ले सकत बाड़े ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-