Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिंडनबर्ग के रिपोर्ट पs सहवाग जतवलें शक

ऊ हिंडनबर्ग के बिना नाम लेले कहलें कि गोरन के भारत के तरक्की बर्दाश्त ना होला।

449
Google Ads 300*250 for posts

अडाणी ग्रुप हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के बाद से हिलल बा। हिंडनबर्ग के ओर से जारी रिपोर्ट के बाद से अडानी ग्रुप के कंपनियन में लगातार गिरावट देखे के मिल रहल बा। रिपोर्ट अइला के बाद से अडाणी ग्रुप के फ्लैगशिप कंपनी अडाणी एंटरप्राइजेज के शेयर 12 दिन में करीब 60% टूट चुकल बा। एकरा पहिले सुक के कंपनी के शेयर 35% तक गिर गइल रहे। एह बीच भारत के पूर्व क्रिकेटर विरेंद्र सहवाग हिंडनबर्ग के रिपोर्ट पs निशाना सधलें बाड़ें।

विरेंद्र सहवाग ट्वीट कs के सवाल उठवलें बाड़ें। ऊ हिंडनबर्ग के बिना नाम लेले कहलें कि गोरन के भारत के तरक्की बर्दाश्त ना होला। इहे ना, पूरा ममिला के ऊ प्लांड कॉन्सपिरेसी बतवलें बाड़ें।

वीरेंद्र सहवाग के अडाणी ममिला में दिखल साजिश

ऊ ट्वीट में लिखलें- गोरन से इंडिया के तरक्की बर्दाश्त ना होला। इंडियन मार्केट के एह तरह से गिरल बड़ चतुराई से प्लांड कॉन्सपिरेसी लागत बा। कोसिस केतनो कs लीं, बाकिर हमेसा के तरह भारत आउर मजबूते होके उभरी।

संसद से सड़क तक हंगामा

हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के बाद दुनिया के दूसरा सबसे अमीर ग्रुप के हेड गौतम अडानी टॉप-20 से बाहर हो गइलें आ उनका खिलाफ गंभीर आरोप लगावल जाये लागल। विपक्ष एह ममिला के जांच करावे के मांग कर रहल बा। अडाणी ग्रुप पs जांच के मांग के लेके सोमार के संसद से सड़क तक हंगामा हो रहल बा। कांग्रेस देश भर में LIC आ SBI दफ्तरन के सामने प्रदर्शन कर रहल बिया। पार्टी के मांग बा कि अडाणी ग्रुप के वित्तीय लेनदेन के जांच संसदीय पैनल (JPC) भा सुप्रीम कोर्ट के कमेटी से करवावल जाव।

452800cookie-checkहिंडनबर्ग के रिपोर्ट पs सहवाग जतवलें शक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.