Gorakhpur: सीआरडी में पांच दिवसीय स्काउट गाइड प्रशिक्षण कार्यक्रम के समापन

सीआरडी में पाँच दिवसीय स्काउट गाइड प्रशिक्षण कार्यक्रम

Share

Gorakhpur: चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पीजी कॉलेज, गोरखपुर के बीएड विभाग में पाँच दिवसीय प्रशिक्षण कार्यक्रम के समापन विविध कार्यक्रमन के साथे कइल गइल। एह समारोह में मुख्य अतिथि डॉ० दिनेश मणि त्रिपाठी पूर्वसदस्य उत्तरप्रदेश मध्यमिक चयन बोर्ड प्रयागराज, प्रधानाचार्य एल०पी० के इंटर कॉलेज तथा जिल्ला स्काउट कमिशनर रहले। उs छात्रन के संबोधित करत बतवले कि “लइकन के व्यक्तित्व सुधारे में स्काउट आ गाइड के अहम भूमिका होला। एहमें ना खाली रउरा अनुशासित होखे के सीखत बानी बलुक रउरा किरदार के निर्माण में भी बहुते बदलाव होला. उs छात्र शिक्षक से पांच दिन के लंबा प्रशिक्षण के दौरान मिलल शिक्षा के अपना जीवन में लागू करे अवुरी समाज के एगो नाया अर्थ देवे के कहले।”

एकरा से पहिले देवी सरस्वती के पूजा आ दीप प्रज्वलन से कार्यक्रम के शुरुआत भइल। कॉलेज के प्रबंधक डॉ विजयलक्ष्मी मिश्रा अतिथि के परिचय आ स्वागत कइली.

इहो पढ़ीं: http://अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेमिसाल अंदाज़, सुरीला आवाज़ आ एगो अधूरा ख़्वाब ‘रेखा’

एह अवसर पs विभिन्न सांस्कृतिक कार्यक्रम आ प्रतियोगिता के आयोजन भइल जवना में सर्वश्रेष्ठ टोली – मॅना टोली सर्वश्रेष्ठ बैज हेतु गौरया टोली उत्तम अनुशासन हेतु तोता टोली, उत्तम आदर्श बहु प्रस्तुति हेतु बुलबुल टोली बेहतरीन शर्ट आ पॉट डेकोरेशन हेतु सारस टोली, उत्तम साफ सफाई हेतु हंस टोली उत्तम स्काउट भावना हेतु कबूतर टोली सांस्कृतिक कार्यक्रम के’ सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन हेतु कोयल टोली एकरे अलावा व्यक्तिगत रूप से विभिन्न रूप से पदक भी दिहल गइल, जवना में बेस्ट गाइड हेतु ऐश्वर्या, वेस्ट रेजर हेतु खुशी शर्मा उत्तम सहयोग हेतु – रेनू,, उत्तम नैतिक व्यवहार हेतु हुमा बानो, उत्तम नीति आ नियम पालन हेतु अप्सरा असलम उत्तम व्यक्तिगत प्रस्तुतीकरण जागृति मिश्श्रा संपूर्ण प्रस्तुतीकरण के उत्तम प्रदर्शन हेतु रिजवाना अंसारी आ सानिया के चुनल गइल.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

एह मौका पs जिला संगठन कमिशनर गाइड श्रीमती इशरत सिद्दीकी आ श्रीमती निवेदिता छात्रा के प्रशिक्षण दिहली. उप प्राचार्य श्रीमती स्वप्निल पांडेय, डॉ रेखा रानी शर्मा रेंजर लीडर, बी०एड०विभाग से डॉन्ड्रर्तद्रधर दुबे, डॉ विकास कुमार श्रीवास्तव, डॉ० ममता तिवारी, श्रीमती श्वेता सिंह, श्री शैलेन्द्र कुमार राव, श्रीमती ऋचा दूबे आदि मौजूद रहली.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-