लइका के संगे बर्बर बेवहार : मंत्र नाहि बता पवलस त कलास एक के लइका के बेरहमी से पिटनें, मास्टर साब के खिलाफ मुकदमा दर्ज

Khabar Bhojpuri Desk

गोविंदपुर के महादेव वेद विद्यालय में पहिला कक्षा के छात्र से बर्बरता के मामिला सामने आइल बा। बस एगो मंत्र न बता पवले पs गुरुजी ने ओके पलास्टिक के पाइप से बड़ी बाउर तरे पीट देहनें। दू दिन बाद छात्र के बोलवले पs जब ओकरे घर आला लोग ओके घरे ले अइनें लोग त उहां ओकरे देह पs पर घाव देख के ठकुआ के रहि गइनें। बेटा के आपबीती बतवले पs बाउजी शिवकुटी थाना में आरोपी के खिलाफ केस दर्ज करा देहनें। पुलिस आरोपी के सांतिभंग में चालान क देहले बिया|

कुंडा के रहे आला शिवप्रकास मिसिर प्राइवेट वाहन चलाए आला हवें। उनके दू लइकन में 11 बरिस के बेटा छोटहन ह। ऊ बतवनें कि पिछला साल अगस्त में ऊ बेटा के दाखिला महादेव वेद विद्यालय में पहिला कक्षा में करवले रहनें जेमें रहले के भी सुविधा रहल। 12 दिसंबर के बेटा कौनो तरे अपने अम्मा के फोन कइलस और कहलस कि पापा के इस्कूले भेज द।

13 दिसंबर के ऊ इस्कूल चहुपनें त बेटवा घर चलले के बात कइलस, जेकरे बाद ऊ ओके लेकर चल अइनें। घर पहुंचने के बाद साँझ के ओकरा पूरा देह पर चोट के निसान देख के घर आला लोग ठकुआ के रह गइनें। पूछले पs ऊ रोए लागल अउर बतवलस कि 12 फरवरी के गुरुजी अजय कोइराला ओके कलसवे में पलास्टिक के पाइप से बड़ी मार मरनें|

 

साभार – अमर उजाला 

Share This Article