एजुकेशन डेस्क। उत्तर प्रदेश में कड़ाका के ठंड आ घना कोहरा के चलते हालात बिगड़ गइल बा। एह हालात के देखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नर्सरी से लेके कक्षा 12वीं तक के सब स्कूलन के एक जनवरी तक बंद रखे के निरदेस देले बाड़ें। एह आदेस के बाद राज्य के आईसीएसई, सीबीएसई आ यूपी बोर्ड सहित सग बोर्ड के स्कूलन में छुट्टी रही। जदि कवनो स्कूल एह आदेस के पालन ना करी तs ओकरा खिलाफ नियम उल्लंघन में सख्त कार्रवाई होई।
एह जनपदन खातिर अलर्ट जारी
भारतीय मौसम विभाग (IMD) के जानकारी के मोताबिक प्रदेश के बागपत, मेरठ, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, शाहजहांपुर, संभल आ बदायूं जिला में भीषण कोहरा के अलर्ट जारी कइल गइल बा।
ओहिजा आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संतकबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महराजगंज, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर, सीतापुर, हरदोई, लखनऊ, बाराबंकी आ अयोध्या जिला में शीतलहर चले के संभावना बतावल गइल बा।
आउर राज्यन में एह तारीख तक बंद रही स्कूल
उत्तर प्रदेश के अलावा बिहार में कक्षा 8वीं तक के स्कूल 30 दिसंबर तक बंद रखे के आदेस जारी भइल बा। सहरसा आ नालंदा जिला में 10वीं तक के स्कूल बंद रही। एकरा संगही ऊपरी कक्षा खातिर स्कूल के टाइमिंग में बदलाव कइल गइल बा।
हिमाचल प्रदेश के ऊना जिला में 29 से 31 दिसंबर तक सर्दी के चलते स्कूलन में छुट्टी घोषित कइल गइल बा। ओने पंजाब में शीतलहर के कारण 22 दिसंबर से स्कूल बंद बा। अबहीं तक स्कूल खुले के तारीख तय नइखे भइल। मौसम के हालत देख के शिक्षा विभाग आगे के जानकारी जारी करी।







