स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 वर्ल्ड कप में धुआंधार बल्लेबाजी कs के भारत के ट्रॉफी जितावे में अहम भूमिका निभावे वाला संजू सैमसन आखिरकार आईपीएल में अपना फॉर्म में लवट आइल बाड़ें। पिछिला तीन मैच में छव, सात आ नव रन बनावे वाला सैमसन, चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में दिल्ली कैपिटल्स के खिलाफ जोरदार शतक जड़के आलोचकन के करारा जवाब देलें आ टीम के जीत दिलववलें।
सैमसन के शतकीय पारी के बदौलत चेन्नई सुपर किंग्स 20 ओवर में दो विकेट पs 212 रन बनवलें। 213 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल दिल्ली कैपिटल्स 20 ओवर में 189 रन पs सिमट गइल। एह जीत के संगे चेन्नई के एह सीजन में पहिला जीत मिलल।
एह साल राजस्थान से चेन्नई सुपर किंग्स में आइल सैमसन, सुरुआत के तीन मैच में कुछ खास ना कs पवले रहलें, जवना से उनका चयन पs सवाल उठ रहल बा। बाकिर दिल्ली के खिलाफ ऊ सबके चुप करा देलें। सैमसन 52 गेना में 14 चौका आ तीन छक्का के मदद से नाबाद 115 रन बनवलें।
ई चेन्नई सुपर किंग्स खातिर उनकर पहिला आ आईपीएल में कुल चौथा शतक हs। एकरा से पहिले ऊ राजस्थान रॉयल्स खातिर दूगो आ दिल्ली कैपिटल्स खातिर एगो शतक लगा चुकल बाड़ें।
संजू सैमसन बनवलें नया रिकॉर्ड
चेन्नई के जीत में सैमसन नया इतिहास रच देलें। ऊ आईपीएल इतिहास में तीन अलग-अलग टीम दिल्ली डेयरडेविल्स, राजस्थान रॉयल्स आ चेन्नई सुपर किंग्स खातिर शतक बनावे वाला दुनिया के पहिला बल्लेबाज बन गइल बाड़ें।
एकरा अलावा ऊ चेन्नई खातिर बतौर विकेटकीपर सबसे जादे व्यक्तिगत स्कोर बनावे वाला खिलाड़ी बन गइलें। ऊ एमएस धाेनी के 84 रन के रिकॉर्ड तुड़ देलें। अब सैमसन चेन्नई खातिर आईपीएल में शतक बनावे वाला पहिला विकेटकीपर बन गइल बाड़ें।
ई चउथा बेर बा जब सैमसन कवनो आईपीएल सीजन के पहिला शतक लगवले बाड़ें। एकरा से पहिले ऊ 2017, 2019 आ 2021 में ई कमाल कs चुकल बाड़ें।
दिल्ली के बढ़िया सुरुआत
लक्ष्य के पीछा करे उतरल दिल्ली कैपिटल्स के सुरुआत बढ़िया रहे, बाकिर टीम अंत तक ई लय बरकरार ना रख सकल। पथुम निसंका (41) आ केएल राहुल (18) पहिला विकेट खातिर 32 गेना में 61 रन जोड़लें। बाद में डेविड मिलर (17) आ ट्रिस्टन स्टब्स (60) पांचवां विकेट खातिर 26 गेना में तेज 45 रन के साझेदारी कइल लोग। बाकिर एह दूनो साझेदारी छोड़ के बाकी बल्लेबाज कुछ खास ना कs सकल लोग।
आयुष म्हात्रे के चमकल बल्ला
सैमसन के संगे जुवा बल्लेबाज आयुष म्हात्रे सानदार बल्लेबाजी कइलें। ऊ 27 गेना में तीन चौका आ चार छक्का के मदद से अर्धशतक पूरा कइलें। आयुष 59 रन बना के रिटायर्ड आउट भइलें। ई मवजूदा सीजन में उनकर दूसरका अर्धशतक बा। एकरा से पहिले ऊ पंजाब किंग्स के खिलाफ 73 रन बनवले रहलें।
सैमसन आ आयुष दूसरका विकेट खातिर 67 गेना में 113 रन जोड़ के टीम के बड़ स्कोर तक पहुंचवलें।
एकरा से पहिले सैमसन कप्तान ऋतुराज गायकवाड़ के संगे पहिला विकेट खातिर 38 गेना में 62 रन के साझेदारी कs के टीम के मजबूत सुरुआत दिलवले रहलें।
पावरप्ले में ना गिरल कवनो विकेट
चेन्नई सुपर किंग्स पावरप्ले में जबरदस्त बल्लेबाजी कइलस आ बिना कवनो विकेट गंववले 61 रन बनवलस। ई मवजूदा सीजन में पहिला मवका रहल जब टीम सुरुआती छह ओवर में कवनो विकेट ना खोवलस। एकरा से पहिले राजस्थान के खिलाफ 41/4, पंजाब किंग्स के खिलाफ 57/1 आ आरसीबी के खिलाफ 77/3 स्कोर रहे।
Read Also: US Iran Talks : अमेरिका-ईरान के शांति वार्ता विफल, जेडी वेंस बोललें- ई तेहरान खातिर बुरा खबर








