स्पोर्ट्स डेस्क। आईसीसी टी20 विश्व कप में मेजबान श्रीलंका के सफर बहुते निराशाजनक रहल। घरेलू मैदान पs खेलत टीम सेमीफाइनल तक ना पहुंच सकल, जवन करोड़न फैंस खातिर बड़ झटका साबित भइल। सुपर-8 के आखिरी आ निर्णायक मुकाबला में श्रीलंका के पाकिस्तान से मात्र 5 रन से हार झेले के पड़ल। एह हार के संगे टीम के अभियान खतम हो गइल।
एह हार के कुछ घंटा बाद श्रीलंकाई क्रिकेट में हड़कंप मच गइल, जब हेड कोच सनथ जयसूर्या कोच पद छोड़ देवे के फैसला कs लेलें। हालांकि ऊ अभी तक आधिकारिक रूप से श्रीलंका क्रिकेट बोर्ड (SLC) के जानकारी नइखन देलें, बाकिर साफ कहले बाड़ें कि ई वर्ल्ड कप उनका खातिर आखिरी असाइनमेंट रहे।
जयसूर्या कहलें, “हम पहिलही से तय कइले रहनी कि अब जिम्मेदारी केहू आउर के देवे के समय आ गइल बा। इंग्लैंड सीरीज के दौराने हम संकेत दे देले रहनी कि हम लमहर समय तक एह पद पs ना रहेम। हम चाहत रहनी कि वर्ल्ड कप में अच्छा प्रदर्शन कs के विदा ली, बाकिर अइसे ना हो सकल, एह बात के दुख बा।”
हालांकि, उनकर कॉन्ट्रैक्ट जून तक बा आ श्रीलंका के 13 मार्च से अफगानिस्तान दौरा करे के बा। जयसूर्या कहलें ऊ श्रीलंका क्रिकेट से बात कs के आगे के फैसला लेम।
उनका कोचिंग में श्रीलंका कइयन गाे ऐतिहासिक जीत दर्ज कइलस, जवना में भारत के खिलाफ 27 साल बाद वनडे सीरीज जीतल आ इंग्लैंड में ओवल टेस्ट जीतल सामिल बा। बावजूद एह सब उपलब्धि के टीम T20 वर्ल्ड कप 2026 में उम्मीद पs खरा ना उतर सकल। अब श्रीलंकाई बोर्ड नया कोच के तलाश में जुटे वाला बिया।
Read Also: PV Sindhu : बर्मिंघम जा रहल पीवी सिंधु दुबई एयरपोर्ट पs फंसली, सोशल मीडिया पs सुनवली आपन आपबीती








