27 जून के लॉन्च होई Samsung Galaxy M36 5G, दमदार बैटरी के साथ मिली तगड़ा फीचर्स

Share

अमेजन सैमसंग गैलेक्सी एम 36 5जी के लॉन्च डेट के खुलासा कईले बा। सैमसंग के इs सस्ता 5जी स्मार्टफोन 27 जून के भारत में लॉन्च होई। ई-कॉमर्स वेबसाइट अमेजन के मैक्रो पेज पs एs फोन के लॉन्च के तारीख के खुलासा भईल बा। हालांकि कंपनी के ओर से एकरा लॉन्च के तारीख के लेके कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे दिहल गईल। सैमसंग के इs फोन 20,000 रुपया के कीमत रेंज में आ सकता। एकरा में 5000mAh के पावरफुल बैटरी, ट्रिपल कैमरा जईसन फीचर दिहल जा सकता।

सैमसंग के इs फोन पछिला साल लॉन्च भईल गैलेक्सी एम 35 5जी के अपग्रेड होई। एकरा संगे एकर बहुत फीचर साल के शुरुआत में लॉन्च भईल गैलेक्सी ए36 5जी निहन होई। सैमसंग हाल ही में एs फोन के एगो प्रचार पोस्टर जारी कईले बा, जवना में एकरा पीठ में ट्रिपल कैमरा सेटअप देखल जा सकता। एकरा अलावे एs फोन के डिज़ाइन के भी खुलासा भईल बा। फोन के बैक पैनल अमेजन के लिस्टिंग में साफ-साफ देखाई देता।

का रउरा ई मजबूत फीचर मिली?

जवन रिपोर्ट आईल बा ओकरा मुताबिक सैमसंग के इs फोन एक्सिनोस 1380 प्रोसेसर के संगे आ सकता। एकरा में गूगल जेमिनी के आधार पs एआई फीचर हो सकता। हाल में इs फोन बहुत प्रमाणीकरण साइट पs देखल गईल बा। गीकबेंच लिस्टिंग में फोन के मॉडल नंबर एसएम-355बी बा अवरू एकरा में 6जीबी रैम मिली। इs फोन एक्सिनोस 1380 प्रोसेसर पs काम करी। इs एंड्रॉयड 15 पs आधारित वनयूआई पs काम करी।

सैमसंग के इs फोन 6.7 इंच के डिस्प्ले के संगे आ सकता। एकरा के 120Hz हाई रिफ्रेश रेट के सपोर्ट मिली। एतने ना, फोन के पीछे 50MP के मेन कैमरा मिल सकता। एकरा संगे सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर सैमसंग के ए फोन में 12MP के कैमरा उपलब्ध होई। इs स्मार्टफोन 5000mAh के बड़ बैटरी अवरू 45W के फास्ट चार्जिंग फीचर के संगे आ सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सूर्य नमस्कार होला पूरा शरीर खातिर फायदेमंद, पूरा शरीर के कसरत खातिर रोज करीं अभ्यास

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-