‘सिकंदर’ के मेकर्स मनमोहन सिंह के निधन के बाद उठवलस बड़ कदम, टलल टीजर के रिलीज

सिकंदर

Share

शुक के दिने सलमान खान के 59वां जनमदिन के मौका पs उनुका आवे वाली एक्शन फिल्म ‘सिकंदर’ के मेकर एआर मुरुगादॉस के फिलिम के टीजर रिलीज करे जात रहले. हालांकि शुक के सबेरे उs लोग घोषणा कईले कि पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के निधन के चलते अब टीजर लॉन्च के तारीख में बदलाव हो गईल बा। संगही, उs ‘सिकंदर’ के टीजर रिलीज के नाया तारीख के घोषणा कईले बाड़े।  एक्शन से भरल एह फिलिम के साथे सलमान खान के एगो अलगे अंदाज में देखल जाई.

सिकंदर के टीजर रिलीज स्थगित
नाडियाडवाला ग्रैंडसन एंटरटेनमेंट, साजिद नाडियाडवाला प्रोडक्शन हाउस आ ‘सिकंदर’ के बैकबोन, अपना आधिकारिक एक्स हैंडल पs एगो पोस्ट शेयर कइले बा “आदरणीय पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह जी के निधन से सभे दुखी बा, हमनी के ई बतावत अफसोस बा कि सिकंदर के टीजर के रिलीज 28 दिसंबर 11:07 बजे ले टार दिहल गइल बा। हमनी के विचार एह शोक के घड़ी में राष्ट्र के संगे बा। समझे खातिर धन्यवाद। # टीमसिकंदर.”

सलमान खान के किक 2

रश्मिका मंदाना सलमान खान के साथे ‘सिकंदर’ में भी अभिनय करत बाड़ी. ईद 2025 पs ई सिनेमाघरन में रिलीज होखी. आजुकाल्हु सलमान ‘बिग बॉस 18’ के होस्टिंग करत बाड़न. उनुका के साजिद नाडियाडवाला के फिल्म ‘किक 2’ में भी देखाई दिही।

इहो पढ़ीं : पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पs बनल रहे आइकॉनिक फिलिम, एकर 7 गो डायलॉग्स मचवले रहे खलबली

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-