रुपिया 24 पइसा के बढ़त के साथे 82.99 प्रति डॉलर पs पहुंचल

Share

 

 

8 सितंबर (भाषा) अंतरबैंक विदेशी मुद्रा बाजार में बियफे के दिने रुपिया के दाम 82.99 (अस्थायी) प्रति डॉलर पs बंद भइल आ अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 24 पइसा के बढ़ोतरी भइल। घरेलू शेयर बाजार में बढ़ोतरी के बीच रुपिया के भाव मजबूत भइल।

विदेशी मुद्रा व्यापारी बतवले कि भारतीय रिजर्व बैंक के ओर से 7 अक्टूबर 2023 ले बढ़त नकदी रिजर्व अनुपात के चरणबद्ध तरीका से खतम करे के घोषणा के बाद डॉलर के मुक़ाबले रुपिया मजबूत भईल।

इंटरबैंक विदेशी मुद्रा बाजार में रुपिया 83.13 पd खुलल। दिन के कारोबार के दौरान 82.91 से 83.17 के रेंज में चलला के बाद आखिरकार ई 82.99 (अस्थायी) प्रति डॉलर पs बंद हो गइल जवन पिछला बंद होखे वाला दाम से 24 पइसा अधिका बा।

पिछला कारोबारी सत्र में रुपिया के दाम 83.23 प्रति डॉलर पर बंद भइल रहे जवन अमेरिकी डॉलर का मुकाबले दस पइसा कम रहुवे। डॉलर के मुकाबले रुपिया के इ अब तक के सबसे निचला स्तर रहे।

ओने छह गो प्रमुख मुद्रा के मुकाबले अमेरिकी डॉलर के स्थिति के आंकलन करे वाला डॉलर सूचकांक 0.04 फीसदी गिर के 105.01 पs आ गइल।

वैश्विक तेल मानक ब्रेंट क्रूड वायदा 0.61 फीसदी घट के 90.47 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कइलस।

विदेशी संस्थागत निवेशक गुरुवार के 758.55 करोड़ रुपिया के शेयर बेचले रहले।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-