Road Accident: रांची में तेज रफ्तार कार स्कूटी सवार के मरलस टक्कर, बेटा के मौत, माई के हालत गंभीर

Sonu Kishor

रांची : लोअर बाजार थाना क्षेत्र के कांटाटोली इस्थित वाईएमसीए के नजदीक बियफे के रात स्कूटी पs सवार एगो माई बेटा के टक्कर मार देलस। एह दुर्घटना में प्रियंशु कुमार (12) के मौत हो गइल, जबकि उनकर माई रोमी कुमारी गंभीर रूप से घायल बाड़ी। उनका के मेदांटा अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहां उनकर हालत गंभीर बनल बा। इहाँ स्कूटर से टकरा के भागत गाड़ी खेलगांव चौक के नजदीक पुलिस जब्त कऽ लेलस, जबकि एकरा के चलावे वाला युवक सैनिक कालोनी निवासी संदीप कुमार भाग गइल। कार में ओकरा संगे दुगो आउर युवक जात रहले, जवना के पुलिस पूछताछ के बाद छोड़ देले बिया।

नया टोली पेट्रोल पम्प के पीछे माई बेटा रहत रहले

बतावल जाता कि प्रियंशु कुमार अपना माई-बाबूजी के एकलौता संतान रहले आ रांची के बहुबाजार के बिशप स्कूल में छठवां कक्षा में पढ़त रहले। उ अपना माई के संगे नया टोली पेट्रोल पंप के पीछे इस्थित अनुराधा अपार्टमेंट में रहत रहले। उनकर पिता मूल रूप से जमशेदपुर के रहे वाला हउवें। फिलहाल उऽ हांगकांग में रहेले। घटना के बारे में उनका के बतावल जाता आ उऽ रांची खातिर रवाना हो गइल बाड़े। रांची पहुंचला के बाद पुलिस केस दर्ज क के आगे के कार्रवाई करी।

बेटा के ओकरा दोस्त के घर से लेके लवटत रहली।

पुलिस के मुताबिक बियफे के रोमी बेटा के ओकरा दोस्त के घरे आयोजित पार्टी से लेके घरे लवटत रहली। कांटाटोली के वाईएमसीए के लगे एगो तेज रफ्तार गाड़ी उनका स्कूटर के पीछे से टक्कर मार देलस। दुनों माई बेटा सड़क प गिर गइले। प्रियंशु के सिर में गंभीर चोट आइल। जइसहीं पास के लोग मौका के ओर भागल, ड्राइवर गाड़ी के संगे कांटाटोली चौक होत बूटी मोड के ओर भाग गईल। दुर्घटना के जानकारी मिलते पीसीआर में तैनात पुलिस अधिकारी मौका पs पहुंचले। एकरा बाद माई बेटा के रिम्स ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर बच्चा के मृत घोषित कऽ देले। इहाँ मौका पs मौजूद लोग के ओर से दिहल कार नंबर के आधार पसे पुलिस के वायरलेस पs अलर्ट कऽ दिहल गइल। खेलगांव चौक के लगे पीसीआर जब गाड़ी के रोक दिहलस तऽ चालक गाड़ी छोड़ के पैदल भाग गइल।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...