Republic Day Security : दिल्ली पुलिस अलकायदा के 6 आतंकियन के पोस्टर जारी कइलस; सुरक्षा एजेंसी पूरा तरे मुस्तैद

Delhi Police high alert ahead of Republic Day with Al Qaeda terrorists posters and heavy security arrangements

Share

नई दिल्ली। गणतंत्र दिवस से पहिले दिल्ली पुलिस हाई अलर्ट जारी कइले बिया आ 6 आतंकियन के पोस्टर जारी कइल गइल बा। एह पोस्टर में पहिला बेर दिल्ली से जुड़ल एगो आतंकी के फोटो लगावल गइल बा। ई आतंकी मोहम्मद रेहान हs, जवन अल-कायदा इन द इंडियन सबकॉन्टिनेंट (AQIS) से जुड़ल बतावल जा रहल बा। पुलिस आ खुफिया एजेंसी बहुत समय से ओकरा तलाश में लागल बाड़ी सs। दिल्ली पुलिस के मोताबिक, मोहम्मद रेहान एगो वांटेड आतंकी हs।

26 जनवरी के 77वां गणतंत्र दिवस खातिर दिल्ली में, खास कs कर्तव्य पथ पs, बहुते कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइल गइल बा। अलग-अलग खुफिया एजेंसी से मिलल इनपुट के आधार पर ई तइयारी भइल बा। पूरा इलाका में सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा, जवना में चेहरा पहचाने वाला एडवांस तकनीक (FRS) के इस्तेमाल हो रहल बा। करीब 10,000 पुलिसकर्मी ड्यूटी पs तैनात रही लोग।

ऊंच इमारतन पs स्नाइपर तैनात

सुरक्षा खातिर कइयन स्तर के इंतजाम कइल गइल बा। एंटी-ड्रोन यूनिट हवा से निगरानी कs रहल बा। ऊंच-ऊंच इमारतन पs स्नाइपरन के तैनात कइल गइल बा। होटल, गेस्ट हाउस, किरायेदार आ घरेलू नौकरन के जांच-पड़ताल चल रहल बा। पैदल चले वाला लोगन के कम से कम तीन बेर मेटल डिटेक्टर से चेक कइल जाई।

एडिशनल पुलिस कमिश्नर देवेश कुमार महाला बतवलें कि, “गणतंत्र दिवस तय समय पs मनावल जाला आ कर्तव्य पथ पs एह कार्यक्रम के आयोजन होला। एह के देखत सिक्योरिटी स्टैंडर्ड प्रोटोकॉल लागू कइल गइल बा। करीब 10,000 पुलिसकर्मी ड्यूटी पs रही लाेग। ग्राउंड लेवल पs 9 बेर ब्रीफिंग आ रिहर्सल कइल जा चुकल बा।”

कंट्रोल रूम में करीब 1,000 कैमरा

कंट्रोल रूम में लगभग 1,000 कैमरा लगावल गइल बा। AI आ FRS सिस्टम के मदद से जदि कवनो संदिग्ध भा आपराधिक बैकग्राउंड वाला आदमी नजर आवे तs तुरंते अलर्ट मिल जाला। चोरी भा संदिग्ध वाहनन के कैमरा पकड़ लेत बा आ फौरन कार्रवाई कइल जाला। पुलिस लगातार हर गतिविधि पs नजर रख रहल बा ताकि गणतंत्र दिवस सुरक्षित आ शांतिपूर्ण तरीका से मनावल जा सके।

Read Also: Bihar News : नीतीश सरकार के बड़ फैसला, पेंशन लेवे वाला खातिर खुशखबरी; अब घर बइठले होई जीवन प्रमाणीकरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-