साल 2023 के यायावरी शिखर सम्मान से सम्मानित होइहें पुर्वांचल के ख्यातिलब्ध साहित्यकार डॉ. रविन्द्र श्रीवास्तव ‘जुगानी भाई’ 

Share

गोरखपुर: साल 2023 के यायावरी शिखर सम्मान पूर्वांचल के वरिष्ठ साहित्यकार डॉ. रविन्द्र श्रीवस्ताव ‘जुगानी भाई’ के भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति में अतुलनीय जोगदान खातिर दिहल जाई।

बता दीं कि भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के बढ़ावे आ ओकरा के संरक्षित करे वाली संस्था यायावरी वाया भोजपुरी हर साल एगो शिखर सम्मान अइसन व्यक्ति के प्रदान करेले, जेकर अतुलनीय जोगदान भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के संवर्धन आ संरक्षण में रहेला।

साल 2022 में ई पुरस्कार भोजपुरी के नामचीन साहित्यकार डॉ.प्रकाश उदय के दिहल गइल रहे।

पुरस्कार चयन खातिर गठित भइल रहे तीन सदस्यीय समिति

यायावरी वाया भोजपुरी एह पुरस्कार के चयन खातिर एगो समिति बनवले रहे। एह समिति के अध्यक्ष श्री मृत्युंजय कुमार सिंह जी के बनावल गइल रहे जे पश्चिम बंगाल होमगार्ड महानिदेशक के पद पs कार्यरत बाड़ें, संगही श्री सिंह ‘ गंगा रतन बिदेसी ‘ उपन्यास आ द्रौपदी’ जइसन किताबन के रचनाकार हवे। ओहिजा एह चयन समिति के सदस्यन में दिल्ली युनिवर्सिटी के प्रो. मुन्ना कुमार पाण्डेय आ यायावारी वाया भोजपुरी के ओर से डॉ.क्षमा त्रिपाठी सामिल रहे लो।

बुधवारी बईठकी’ में कइल गइल पुरस्कार के घोषणा 

यायवारी शिखर सम्मान-2023 के घोषणा यायावरी वाया भोजपुरी के आपन साप्ताहिक कार्यक्रम बुधवारी के माध्यम से कइल गइल। एह पुरस्कार के घोषणा से पूर्वांचल के साहित्य प्रेमियन में हर्षोल्लास के माहौल बा।

कथाकारी प्रतियोगिता में शालिनी पहिला, उमा दूसरा आ नंदीश्वर तीसरा स्थान पs 

शालिनी कपूर

एह पुरस्कार के संगही यायावरी कथाकारी प्रतियोगिता-2023 के पुरस्कारन के घोषणा कइल गइल। एह प्रतियोगिता में पहिला, दुसरा आ तीसरा तृतीय पुरस्कार खातिर क्रमश: डॉ. शालिनी कपूर, डॉ.उमा उपाध्याय आ नंदीश्वर द्विवेदी के नामन के घोषणा भइल।

उमा उपाध्याय

 

ई पुरस्कार 6 सितंबर के प्रस्तावित यायावरी भोजपुरी महोत्सव-2023 में प्रदान कइल जाई। आयोजन गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में होई।

नंदीश्वर द्विवेदी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-