Reliance Group: अनंत अंबानी के मिलल बड़ जिम्मेदारी, सालाना मिल सकत बा 20 करोड़ तक वेतन; ई खास सुविधा मिली

Share

बिजनेस डेस्क। भारत के सबसे बड़ कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड चेयरमैन मुकेश अंबानी के सबसे छोट बेटा अनंत अंबानी के कंपनी के कार्यकारी निदेशक नियुक्त कइले बिया। एह नया जिम्मेदारी के तहत अब उनका सालाना 10 से 20 करोड़ रुपिया तक के वेतन, कइयन तरे के भत्ता आ कंपनी के मुनाफा में से कमीशनाे मिली। रिलायंस शेयरधारकन के भेजल गइल एगाे नोटिस में बतावल गइल बा कि अनंत के घर, यात्रा, चिकित्सा, सुरक्षा आ परिवार सहित खर्चन के भरपाई सहित कइयन गो सुविधा मिली। एकरा अलावे उनका बिजनेस ट्रिप के दौरान पत्नी आ सहायकन के संगे यात्रा आ रहला के खर्च कंपनी उठाई।

पहिले रहस नॉन-एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर

बता दीं कि 2023 में मुकेश अंबानी अपना तीनो लईका आकाश, ईशा आ अनंत के कंपनी के बोर्ड में नॉन-एग्जीक्यूटिव डायरेक्टर के रूप में सामिल कइले रहे। तब उनका कवनो वेतन ना मिलत रहे, खाली बैठक में सामिल होखे के 4 लाख रुपिया के शुल्क आ करीब 97 लाख रुपिया के मुनाफा पs कमीशन दिहल गइल रहे। हालांकि अब कार्यकारी निदेशक बनला के बाद 30 साल के अनंत के पूरा वेतन मिली। एकरा के लेके रिलायंस कहले बा कि उनका ऑयल-टू-केमिकल, न्यू एनर्जी, विनाइल, स्पेशलिटी पॉलिएस्टर आ गिगाफैक्ट्रीज जइसन प्रोजेक्ट्स के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

दस साल से रिलायंस समूह से जुड़ल बाडे़ं अनंत


देखल जाव तs अनंत 2015 से रिलायंस समूह से जुड़ल बाडे़ं। उ ब्राउन यूनिवर्सिटी से स्नातक कइले बाड़ें आ कंपनी के एनर्जी बिजनेस, खास कs के सोलर आ रिन्युएबल प्रोजेक्ट्स में अहम भूमिका निभा रहल बाड़ें। उ रिलायंस फाउंडेशन आ वन्यजीव संरक्षण प्रोजेक्ट वन्तारा से जुड़ल बाड़ें।

अंबानी परिवार के अगिला पीढ़ी संभाल रहल बा ई जिम्मेदारी

गाैर करे वाला बात बा कि रिलायंस के उत्तराधिकार के योजना के तहत तीन अंबानी लईका आकाश, ईशा आ अनंत के अलग-अलग बिजनेस यूनिट्स के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। आकाश अंबानी जियो इंफोकॉम के चेयरमैन हवे। ईशा अंबानी रिलायंस रिटेल आ ई-कॉमर्स के जिम्मेदारी संभाल रहल बाड़ी। तs ओहिजा अनंत अंबानी ऊर्जा आ केमिकल कारोबार में अहम भूमिका निभा रहल बाड़ें।

Read Also:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-