पंजाब नेशनल बैंक समेत पांच बैंकन पऽ गिरल RBI के गाज, लागल तगड़ा जुर्माना
पंजाब नेशनल बैंक ‘अपना ग्राहक के जानीं’ (केवाईसी) आ लोन अउरी एडवांस से जुड़ल कुछ निर्देश के अनदेखा कईलस, जवना के चलते ओकरा पs जुर्माना लगावल गइल बा। रिजर्व बैंक 31 मार्च 2022 तक बैंक के वित्तीय इस्थिति के जांच कइले रहे। एकरा में कुछ गड़बड़ी मिलल रहे आ उऽ पंजाब नेशनल बैंक के नोटिसो जारी कइले रहे।
जुलाई के पहिला हफ्ता में नियम के ठीक से पालन ना करे के आरोप में भारतीय रिजर्व बैंक पंजाब नेशनल बैंक (पीएनबी) समेत पांच बैंक प जुर्माना लगवले बा। पीएनबी पर 1.31 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा।
पंजाब नेशनल बैंक पऽ जुर्माना काहे लगावल गइल?
केंद्रीय बैंक के कहनाम बा कि पीएनबी ‘अपना ग्राहक के जान’ (केवाईसी) आ ‘लोन एंड एडवांस’ से जुड़ल कुछ निर्देश के अनदेखा कइलस, जवना के चलते ओकरा पs जुर्माना लगावल गइल बा। रिजर्व बैंक 31 मार्च 2022 तक बैंक के वित्तीय स्थिति के जांच कइले रहे। एकरा में कुछ गड़बड़ रहे आ पीएनबी के नोटिस जारी कऽ देलस।
आरबीआई पीएनबी से पूछले रहे कि निर्देश के पालन ना कइला प ओकरा प जुर्माना काहें ना लगावल जाव। आरबीआई के नोटिस पs पीएनबी जवाब दिहलस। संगही निजी सुनवाई के दौरान उ मौखिक बहस के माध्यम से आपन पक्ष पेश कइले बाकिर, बैंकिंग रेगुलेटर एहऽ लोग से संतुष्ट ना रहलें।
आरबीआई के मोताबिक पंजाब नेशनल बैंक सरकार से मिलल रकम के बदले दुगो सरकारी निगम के सब्सिडी/रिफंड/प्रतिपूर्ति के रूप में लोन देले बा, जवन कि आरबीआई के निर्देश के उल्लंघन बा। एकरा अलावा पीएनबी कुछ खाता ग्राहक के पहचान आ पता से जुड़ल रिकॉर्ड के ठीक से रखरखावो में नाकाम रहल बा।
अइसना में रिजर्व बैंक तय कईलस कि पीएनबी पs मौद्रिक जुर्माना लगावल उचित होई। पीएनबी पs ई जुर्माना 3 जुलाई 2024 के लगावल गइल रहे। आरबीआई के जुर्माना के संबंध अनुपालन चूक से बा। मतलब कि पंजाब नेशनल बैंक के ग्राहक पs एह कार्रवाई के कवनो असर ना पड़ी।
Comments are closed.