बिजनेस डेस्क। भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर संजय मल्होत्रा 2026 के मौद्रिक नीति समिति (MPC) बैठक के बाद नीतिगत फैसलन के एलान कइलें। बदलत मैक्रो-आर्थिक हालात आ अर्थबेवस्था के पूरा समीक्षा के बाद MPC सर्वसम्मति से नीतिगत रेपो दर 5.25 प्रतिशत पs बरकरार रखे के फैसला कइले बा।
एह फैसला के संगे स्टैंडिंग डिपॉजिट फैसिलिटी (SDF) दर 5 प्रतिशत पs ज्यों के त्यों रखल गइल बा, जबकि मार्जिनल स्टैंडिंग फैसिलिटी (MSF) दर आ बैंक रेट 5.5 प्रतिशत पs कायम रहल।
RBI के छव सदस्यीय मौद्रिक नीति समिति बुध से द्विमासिक मौद्रिक नीति पs विचार-विमर्श सुरू कइले रहे। एह बैठक के अध्यक्षता खुद गवर्नर संजय मल्होत्रा कइलें। बैठक अइसन समय भइल, जब केंद्रीय बजट आ भारत-अमेरिका बेयपार समझौता के एलान के बाद बाजार के धारणा में सुधार देखल गइल।
गौर करे वाला बात बा कि RBI पिछिला साल फरवरी से अब तक बेंचमार्क रेपो दर में कुल 125 आधार अंक के कटौती कs चुकल बा। एह समय ना तs महंगाई आ ना आर्थिक विकास कवनो तात्कालिक चिंता बन रहल बा, एकरा से ब्याज दर में बदलाव के संभावना कम मानल जात रहे। हालांकि, कुछ अर्थशास्त्री मान रहल बा लाेग कि उधारी सस्ता करे के मकसद से RBI आगे चल के एगाे आउर दर कटौती पs विचार कs सकेला।







