आरबीआई कार्रवाई : वित्तीय वर्ष 2023 में इन 8 बैंकन के लाइसेंस रद्द, 114 बैंकन पे जुर्माना, जानि आरबीआई कार्रवाई काहें कइलस

Share

आरबीआई न्यूज अपडेट : भारतीय रिजर्व बैंक वित्तीय वर्ष 2023 के दौरान बहुत सहकारी बैंक पे कड़ा कार्रवाई कईलस। वित्तीय वर्ष 2023 के दौरान 8 बैंक के लाइसेंस रद्द करे के अलावे रिजर्व बैंक 114 बैंक पे भारी जुर्माना भी लगवलस। देश के ग्रामीण आ शहरी क्षेत्र में बैंक सुविधा उपलब्ध करावे में सहकारी बैंकन के प्रमुख भूमिका रहल बा। हालांकि फिलहाल ए बैंक के आर्थिक समस्या के सामना करे के पड़ता। एकरा अलावे बहुत समस्या ए बैंक से जुड़ल बा। एकरा संगे आरबीआई नियम के पालन ना करेवाला बैंक के खिलाफ कार्रवाई करतिया।

आठ गो बैंकन पे कार्रवाई कइले

वित्तीय वर्ष 2023 में रिजर्व बैंक जवना आठ गो बैंकन पे कार्रवाई कइले बा ओहमें से मुधोल सहकारी बैंक, मिथल सहकारी बैंक, श्री आनंद सहकारी बैंक, रुपया सहकारी बैंक, डेक्कन सहकारी बैंक, लक्ष्मी सहकारी बैंक, सेवा विकास सहकारी बैंक आ बाबाजी दाते महिला शहरी बैंक शामिल बा।

काहे एह बैंकन के लाइसेंस रद्द हो गइल

पर्याप्त पूंजी के कमी, नियामक अधिनियम के तहत कानूनी नियम के पालन ना कईल आ भविष्य में कमाई के संभावना ना होखला के चलते ए बैंक के लाइसेंस रद्द होखला के चलते इ फैसला लिहल गईल बा। एकरा से पहिले आरबीआई वित्तीय वर्ष 2022 में 12 बैंक के लाइसेंस रद्द क देले रहे। एकरा संगे-संगे 2021 के दौरान तीन बैंक साल 2020 के दौरान दु सहकारी बैंक के कारोबार बंद करे के आदेश दिहल गईल।

114 बैंकन पे केतना जुर्माना लगावल गइल

कवनो बैंक के लाइसेंस रद्द करे से पहिले आरबीआई कई बेर जुर्माना लगा के बैंक के चेतावेले। हालांकि, जदी बैंक के ओर से फेर से नियम के पालन ना भईल चाहे कमाई के संभावना ना बढ़ल त ओकर लाइसेंस निलंबित क दिहल जाता। आरबीआई 114 बैंक में से हर बैंक पे 50 हजार से 5 लाख तक के जुर्माना लगा देले बिया।

ग्राहकन के पइसा के का होला?

अगर बैंक पे जुर्माना लगावल जाला त एकर कवनो असर ग्राहक के पईसा पे ना पड़ेला। बैंक में जमा आपन पूंजी निकाले के इजाजत बा। एह जुर्माना के रकम खुद बैंक के देबे के पड़ी। दूसर ओर लाइसेंस रद्द होखे के स्थिति में बैंक के ग्राहक बीमा के माध्यम से 5 लाख के जमा पूंजी निकाल सकतारे।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-