15 फरवरी 2022 के राशिफल

आज के राशिफल

Share

दिनांक- 15-02-2022 “श्री गणेश जी”

माघ शुक्ल पक्ष चतुर्दशी, दिन मंगर,

पुष्प नक्षत्र दिन में 01 बजके 27 मिनट ले

ओकरा बाद श्लेषा नक्षत्र ,

सौभाग योग राशि  रात 09 बजे तक

ओकरा बाद सोभन योग

 

मेष- आज के दिन महत्व राखे आला घटना के दिन बा। काम के ज़िम्मेदारी आगा बढ़े के रस्ता मिली। निजी जिनगी में सहजोग रही। वेयसाय के कोसिस सफल रही। बाबूजी के सहजोग मिली।

 

वृष- पढ़ाई से जुडल प्रतियोगिता के क्षेत्र में  उमेद जोग सफलता मिली। मंगल भा संस्कृति से जुड़ल कार्यक्रमन में हिस्सा रही। कवनो काम के खतम भइला से आत्म विसवास बढ़ी।

 

मिथुन- धन-संपति के ममिला में सुधार होई। बाकिर निजी सुख में रुकावट पैदा होखी। जीविका के क्षेत्र में बाझल रहे के जोग बा।

 

कर्क-  आर्थिक इस्तिथी मजबूत होई। परिवार के ज़िम्मेदारी पूरा होई। कवनो आदमी से तानाव मिल सकेला।

 

सिंह- पढ़ाई से जुड़ल प्रतियोगिता के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल होई। मंगल भा राजनीति से जुड़ल काम में व्यस्तता रही।

 

कन्या- शासन-सत्ता के सहजोग रही। बुद्धि से कइल गइल काम में सफलता मिली। संबंध बनी।

 

तुला- घर के जरूरत के सामान बढ़ी। उपहार भा सम्मान में इजाफा होई। कवनों असुभ समाचार मिल सकेला।

 

वृश्चिक- पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रुकल काम पूरा होई। चोट लागे के संभावना बन रहल बा। 

धनु-  वेवसाय भा देह से जुड़ल तानाव मिल सकेला, बाकिर कइल गइल मेहनत सफल होई, एकरा बादो मन सांत ना रही। जीवन साथी के सहजोग मिली।

 

मकर- संतान भा शिक्षा के कारणे चिंता रही। सामाजिक आ राजनीतिक स्तर पs भागीदारी बढ़ी।

 

कुंभ- आर्थिक ममिला में डेग आगा बढ़ी । परिवार से जुड़ल जिनगी सुख से भरल रही, वेयसाय से जुड़ल कोसिस सफल रही। रचना के काम में सफलता मिली।

 

मीन- यश आ किर्ति आउर बढ़ी, कवनो काम के होखला से राउर परभाव आ वर्चस्व बढ़ी। परिवार से जुड़ल जिनगी सुख से भरल रही।

 

आचार्य पं॰ धनन्जय पाण्डेय 

व्याकरणाचार्य, जयोतिर्विद्, 

धार्मिक अनुष्ठान, भूमि शोधन

आ गृह वास्तु परामर्श दाता 

7607584170 

 

TAGS:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-