एंटरटेनमेंट डेस्क। रणबीर कपूर स्टारर रामायण (Ramayana) के पहिला झलक हाले में मेकर्स के तरफ से दिखावल गइल। दंगल फिलिम डायरेक्टर नितेश तिवारी एकर डायरेक्शन करत बाड़ें आ एह फिलिम के चरचा बहुते लमहर समय से चलत बा।
कास्ट खातिर आइल दिन रामायण चरचा में बनल रहेला। अब खबर आवत बा कि रामायण में सुग्रीव के किरदार निभावे खातिर एगो बड़हन अभिनेता के नाम फाइनल हो गइल बा। आईं जानल जाव उ कवन एक्टर हवे जे रणबीर के रामायण में परदा पs सुग्रीव के भूमिका निभावत नजर अइहें।
Ramayana के मिल गइल सुग्रीव
निर्माता नामित मल्होत्रा आ नितेश तिवारी के जोड़ी रामायण के बड़हन पैमाना पs बना रहल बिया। एकरा बारे में पहिलही जानकारी सामने आ चुकल बा। एकरा कास्ट के लेके खास तौर पऽ विशेष ध्यान रखल जात बाs आ हर एगो किरदार के खातिर एगो ना एगो बेहतरीन अभिनेता के चुनाव कइल जा रहल बा। अब एह कड़ी में एक्टर अमित सियाल के नाम सामिल हो गइल बा।
जी हs, हिंदुस्तान टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार अमित उहे कलाकार हवे जे रामायण में सुग्रीव के भूमिका निभावत नजर अइहें। ओटीटी प्लेटफॉर्म अमेजॉन प्राइम वीडियो के इनसाइड एज, महारानी वेब सीरीज आ हाले में आइल अजय देवगन के ब्लॉकबस्टर फिलिम रेड 2 में अपना बेहतरीन अधिकारी से दर्शकन के दिल जीते वाला अमित के हाथ बड़ कामयाबी लागल। उ केतना मजल कलाकार बाड़ें उ तs हमनी सब केहू देखले बानी बाकिर रामायण जइसन माइथोलॉजिकल फिलिम में सुग्रीव के किरदार के उ कवना तरीका से अदा करत बाड़ें, ई एगो बड़ चैलेंज रही।
अमित के एंट्री के संगही अब रामायण के स्टार कास्ट बहुते बड़ हो गइल बिया। रउआ के बता दीं कि रामायण में रणबीर कपूर के अलावे साउथ सुपरस्टार यश, साई पल्लवी, सनी देओल, रवि दुबे आ अरुण गोविल जइसन कलाकार अहम किरदार निभावत नजर आई लोग।
कब रिलीज होई रामायण
जदि रिलीज डेट के तरफ गौर कइल जाव तs एकर अनाउंसमेंट पहिलही कs दिहल गइल बा। जी हs, दीवाली 2026 पs रामायण के पहिला पार्ट रिलीज कइल जाई। एकरा बाद 2027 दीवाली में एकर दूसरका भाग आई। एह तरीका से नितेश तिवारी के रामायण के कुल दु पार्ट में रखल गइल बा जवन सिनेमाघरन में दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी। एकरा बजट के लेके पिछला कइयन दिनन से खबर चल रहल बा आ बतावल जा रहल बा कि ई फिलिम बड़े पैमाना पs बनावल जा रहल बा।