अयोध्या में प्रभु श्रीराम के भव्य मंदिर के निर्माण कार्य तेजी से आगे बढ़त बा। 22 जनवरी के तारीख के मंदिर के गर्भ गृह में रामलला के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा कइल जाई। ए कार्यक्रम के खातिर पूरा दुनिया में उत्साह बा आ अयोध्या में भव्य स्तर पs तइयारी कइल जात बा। एs बीचे खबर आइल हs की प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम के मद्देनजर 20 आ 21 जनवरी के राम मंदिर बंद रही। राम मंदिर ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय एs बारे में जानकारी देहल।
प्राण प्रतिष्ठा के तइयारी पूरा?
22 जनवरी के राम मंदिर के गर्भ गृह में रामलला के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा कइल जाई। ए दिने अयोध्या में भव्य कार्यक्रम के आयोजन होई। एह कार्यक्रम में पीएम मोदी मुख्य अतिथि के रूप में शामिल होवे वाला बाड़े। ओहीं, देशभर के तमाम दिग्गज नेता, राजनीतिक, फिल्मी आ उद्योग, खेल जगत से जुड़ल चेहरा जइसे अमिताभ बच्चन, सचिन तेंदुलकर जइसे लोग के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम के खातिर निमंत्रण भेजल गइल बा।
आम लोग कब कs सकींहें दर्शन?
22 तारीख के देशभर के तमाम हाई प्रोफाइल लोग अयोध्या में मौजूद रहींहें। एह कारण राम मंदिर में आम भक्तन के एंट्री नाहीं मिल सकीं। सुरक्षा के दृष्टि से अयोध्या के पूरा किला के तरही बना दिहल गइल बा। सहर में सजो एडवांस बुकिंग कैंसल कई दीहल गइल बा। हालाकि, 23 जनवरी से सजो आमभक्त राम मंदिर में प्रभु रामलला के दर्शन कs सकींहें।
गर्भगृह में मूर्ति स्थापित
बीयफ़ें साज पूरा विधि विधान से श्रीरामलला के विग्रह के नव निर्मित भव्य मंदिर के गर्भ गृह में विराजमान कई दिइल गइल। श्रीरामलला के विराजमान करे से पहिले विभिन्न संस्कार आ पूजन कइल जाई। प्राण प्रतिष्ठा के खातिर विशेष रूप से काशी से आइल पुरोहित कार्यक्रम के सफलता से संपन्न भइल। अबे उनकरी श्री मुख के छोड़ के बाकी जगही से कभर हटा दिहल गइल । जानकारी के मोताबिक, रामलला के प्रतिमा पत्थर के हs आ वजन अनुमानित 150 से 200 किलो के बीचे बा। इs मूर्ति श्री राम के पांच वर्ष के बालक के स्वरूप हs।







