Rajyasabha Election : 10 राज्यन के 37 राज्यसभा सीटन पs चुनाव, आयोग तारीख घोषित कइलस

Share

नई दिल्ली। राज्यसभा के 37 सीट पs होखे वाला चुनाव के तारीख के एलान हो गइल बा। चुनाव आयोग बुध के जानकारी देत बतवलस कि ई 37 सीट खातिर 16 मार्च के मतदान करावल जाई।

एह चुनाव में महाराष्ट्र के 7 सीट, पश्चिम बंगाल आ बिहार के 5-5 सीट पs मतदान होई। ओहिजा, ओडिशा के 4, तमिलनाडु के 6, असम के 3, छत्तीसगढ़ के 2, हरियाणा के 2, तेलंगाना के 2 आ हिमाचल प्रदेश के 1 राज्यसभा सीट खातिर चुनाव करावल जाई।

चुनाव आयोग के मोताबिक, तय समय पs नामांकन, जांच आ मतदान के पूरा प्रक्रिया पूरा कइल जाई। आउर नतीजाे ओही दिन घोषित हो सकेला। एह चुनाव से राज्यसभा में कइयन राज्यन के राजनीतिक समीकरण बदल सकेला।

Read Also: Iran : यूएस 24 घंटा में पश्चिम एशिया में भेजलस 50 से जादे लड़ाकू विमान, ईरान के धमकी- अइसन मारल जाई उठ ना सकी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-