रजनीकांत के उs 5 गो फिलिम, जवना के नसीब नाहीं भइल सिनेमाघर, अब ले नाहीं भइल रिलीज

Minee Upadhyay
रजनीकांत

सुपरस्टार रजनीकांत आजु यानी 12 दिसंबर के आपन 74वां जन्मदिन मनावत बाड़न. रजनीकांत 74 साल के होखला के बावजूद भी उs अपना ऊर्जा से सभके हैरान कs देले। रजनीकांत खाली दक्षिण सिनेमा के दर्शकन में ना बलुक हिंदी भाषी दर्शकन में भी बहुते लोकप्रिय बाड़न. अपना अनोखा अंदाज खातिर जानल जाए वाला रजनीकांत के देश भर में खास तौर पs दक्षिण में समर्पित प्रशंसक आधार बा, जहां उनुका बहुत बड़ फैन फॉलोइंग बा। रजनीकांत अपना करियर में बहुते सुपरहिट फिलिम दे चुकल बाड़न. बाकिर का रउरा थलाइवा के ओह फिलिमन के बारे में जानत बानी, जवन कबो सिनेमाघरन में ना चहुँप पावल. मतलब कि एकरा के रिलीज ना कइल जा सकल. आईं उनुका के ओह फिलिमन के बारे में बताईं जा.

रजिनीकांत के जनम भइल

रजनीकांत के जनम 12 दिसंबर 1950 के बेंगलुरु में भइल रहे। अभिनेता के माता-पिता उनुकर नाम शिवाजी राव गायकवाड़ रखले, बाकिर फिल्म जगत में उतरला के बाद उनुका के रजनीकांत के नाम से जानल जाला। दक्षिण भारत में रजनीकांत के प्रशंसक उनुका के भगवान मानेले अवुरी आज उs भारतीय सिनेमा के इतिहास में सबसे सफल अवुरी लोकप्रिय कलाकार में से एक बाड़े। 

रजनीकांत के ई फिलिम कबो रिलीज ना भइल
रजनीकांत के स्टाइल, डायलॉग डिलीवरी, एक्शन आ अलग अलग अंदाज दर्शकन के बीच बहुते पसंद आवेला. रजनीकांत के कई गो हिन्दी फिलिम भी कइले बाने, जवना में चालबाज, हम आ अंधा कानून शामिल बाड़ी सऽ। एह सब फिलिमन में रजनीकांत के उहे झलक लउकेला जवन दर्शकन के बहुते नीक लागेला. तेजी से चले वाला एक्शन आ अलग स्टाइल. बाकिर उनुकर कुछ हिन्दी फिलिम बाड़ी सँ जवना के कबो थियेटर ना मिलल.

तू ही मेरी जिंदगी
रजनीकांत के अलावा विनोद खन्ना, ऋषि कपूर, श्रीदेवी अवुरी शम्मी कपूर जईसन कलाकार के बीएमबी प्रोडक्शन के तहत बनल ‘तू ही मेरी जिंदगी’ (1990) में भी देखल गईल, बाकिर एs फिल्म के बीच में रोक दिहल गईल।

रास्ता पत्थरों का
रजनीकांत अभिनीत, एह फिलिम के निर्देशन आ निर्माण बी सुभाषा सम्हारत रहले बाकिर कुछ दिन के शूटिंग के बाद ई फिलिम बंद हो गइल. एह फिलिम पs काम 1984 के दौरान भइल।

शिनाख्त
एह फिलिम पs 1988 के दौरान काम चलत रहे जवना में रजनीकांत के साथे अमिताभ बच्चन, माधुरी दीक्षित जइसन कलाकार मुख्य भूमिका में रहले. जब ई फिलिम तइयार भइल तs मेकर्स के ई फिल्म ‘गंगा जमुना सरस्वती’ जइसन लागल जवना के चलते ई रिलीज ना भइल.

घर का भेदी
रजनीकांत के कई गो रद्द भइल फिलिमन में एगो फिलिम बा ‘घर का भेदी’ (1990) जवना में अमिताभ बच्चन आ माधुरी दीक्षित जइसन कलाकार मुख्य भूमिका में रहलें बाकिर एह फिलिम के भी रोक दिहल गइल. हैरानी के बात ई बा कि फिल्म के रिलीज डेट के एलान भइला के बाद मेकर ई फैसला लिहले.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।