राजस्थान: लग्जरी कार से हवाला के 2 करोड़ 60 लाख रुपया बरामद, पइसा गुजरात ले के जात रहनें दू आरोपी

Share

चित्तौड़गढ़ के कोतवाली थाना पुलिस नाकाबंदी के दौरान एगो कार से ढाई करोड़ से अधिक हवाला राशि पकड़ले बा। कार चालक बतवलस कि ऊ राशि गुजरात ले के जात रहे। पुलिस एह मामिला में पुलिस दू आरोपी के गिरफ्तार कइले बा।
कोतवाली पुलिस रूटीन नाकाबंदी के दौरान गाड़ियन के चेक करत रहे, तबे कोटा हाइवे पर एक लग्जरी कार आइल। पुलिस रोकलस त कार चालक असहज होखे लागल अउर ऊ जल्दिए निकलले के फिराक में रहल। अइसे में पुलिस के शक भइल त ऊ गाड़ी के तलाशी लीहलस त पुलिस के गाड़ी से पांच बोरा में 2 करोड़ 60 लाख रुपया नगद मिलल। पुलिस कार चालक रमेश कुमार (45 साल) अउर ओकर साथी उत्तमजीत (उम्र 50 साल ) के गिरफ्तार कइले बिया।

विक्रम सिंह थानाधिकारी कोतवाली के अनुसार ई दूनो गुजरात के ओर जात रहने अउर ऊ राशि के हवाला के दूसरे स्थान पर पहुंचले के प्लान रहल। दूनों आरोपी उदयपुर के हवें। पुलिस जांच में जुट गइल बा कि आखिर दूनों के के पइसा देवे जात रहनें सब।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-