करीब 11:30 बजे के आसपास ऊ दम तोड़ दिहली अउर डॉक्टर लोग उनके मृत घोषित कs दिहल। घटना के सूचना मिलले के बाद गोरखनाथ पुलिस लाश के कब्जा में ले लिहले बा।
गोरखपुर: संपत्ति विवाद में माई अउर छोटका बेटा जहर खा के दे देहलें जान, बड़का बेटा धोखा से हड़प लिहले रहे 69 लाख
Published on: Nov 16, 2022
गोरखपुर के गोरखनाथ इलाका के जन प्रिय बिहार कॉलोनी में संपत्ति विवाद में माई अउर बेटवा जहर खा लिहलें। गंभीर हालत में दूनों के जिला अस्पताल लावल गइल। डॉक्टर बीआरडी मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल
Share
मोहल्ला वालन के अनुसार, बड़का बेटा चुपके से खाता के एकल करववले के साथ रकम निकाल के अलग जगह मकान खरीद लिहनें।एकर जानकारी होखले पर माई नाराज भइली त ऊ 10 नवम्बर के पत्नी के साथ ससुराल में जा के रहे लगनें। एही बीच कई बार माई छोट बेटा खातिर रुपया के मांग कइली लेकिन, बड़का बेटवा रुपये देहले से इनकार कर दिहलें।
मंगर के भी माई बेटवा श्रीश के फोन कs रुपये मंगलें लेकिन ऊ पइसा देहले से मना कर दिहलस। आरोप बा की श्रीश के व्यवहार से आहत माई अउर बेटवा मंगर देर रात जहर खा लिहनें। जानकारी मिलले के बाद लोग दूनों जनी के सबसे पहले जिला अस्पताल लेकर पहुंचलें। उहां से रेफर कइले के बाद मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल।
Tags:
Share this article






