राजस्थान: टोंक में बड़ हादसा, बनास नदी में डूबला से 8 के मौत; नहाये गइल रहे 11 दोस्त

Share

जयपुर। राजस्थान के टोंक जिला से एगो बड़ हादसा के खबर सामने आइल बा। टोंक जिला में मंगर के बनास नदी में 8 लोग डूब गइल। टोंक के पुलिस अधीक्षक विकास सांगवान एह ममिला के संज्ञान में लेलें आ ममिला के जानकारी देत बतवलें कि तीन आउर के बचा लिहल गइल आ ओह लोगन के हालत इस्थिर बा।

ऊ बतवलें कि 25 से 30 साल के उमिर के 11 लोगन के एगो ग्नुप नहाये खातिर नदी में उतरल रहे, तबे ऊ गहिराह पानी में चल गइल लोग।

जयपुर से पिकनिक मनावे आइल रहे लो दोस्त

पुलिस आगे बतवलस, ‘सभे के बाहर निकालल गइल आ अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओमे से आठ के मृत घोषित कs देलस आ 3 के जान बच गइल। ‘ एसपी फिलहाल कहलें कि ई पता नइखे चल पाइल कि ऊ लोग गहिराह पानी में कइसे गिरल। ऊ बतवलें कि मृतक जयपुर के रहे लाेग आ उहां से पिकनिक मनावे टोंक आइल रहे।

राजस्थान सीएम एक्स पs कइलें पोस्ट

एह घटना पs राजस्थान के सीएम भजनलाल शर्मा एक्स पs पोस्ट कइलें बाड़ें आ ओह पोस्ट में दुख जतवले बाड़ें।

Read Also: काटल जाई 50 हाथी आ घर-घर बंटी मांस, एह देस में जारी भइल फरमान… बहुते दर्दनाक बा वजह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-