नई दिल्ली। इंडियन रेलवे 1 अक्टूबर 2025 से टिकट बुकिंग के नियम में बड़ बदलाव कइले बा। अब जनरल रिजर्वेशन टिकट खातिर आधार वेरिफिकेशन जरूरी हो गइल बा, जइसे कि तत्काल टिकट खातिर होला। रेल मंत्रालय के कहनाम बा कि अब IRCTC वेबसाइट भा मोबाइल ऐप पs जनरल टिकट खुलला के पहिले 15 मिनट तक टिकट बुक करे खातिर आधार लिंक आ ई-वेरिफिकेशन जरूरी होई। ई कदम मुख्य रूप से टिकट के कालाबजारी, एजेंट लोगन के धांधली आ बॉट्स द्वारा होखे वाला बुकिंग के रोके खातिर उठावल गइल बा।
ऑनलाइन टिकट बुकिंग के नया नियम
जदि राउर IRCTC अकाउंट पहिले से आधार कार्ड से लिंक बा, तs टिकट बुकिंग अब आउर आसान हो जाई। बुकिंग करत घरी आधार से जुड़ल मोबाइल नंबर पs OTP आई, जवना के डलला के बादे टिकट कन्फर्म होई।
- पहिला 15 मिनट तक AC आ Non-AC दुनु क्लास में एजेंट लोग टिकट बुक ना कर पाई।
- एह से सीधा फायदा आम यात्री लोगन के होई, काहेकि पहिले से टिकट लेवे के संभावना बढ़ जाई।
काउंटर बुकिंग में बदलाव
- अब रेलवे स्टेशन के PRS काउंटर से टिकट बुक कइलो पs आधार नंबर देवे के पड़ी।
- काउंटर पs वेरिफिकेशन मोबाइल पs आवे वाला OTP से होई।
- मोबाइल नंबर के आधार से लिंक करावल जरूरी हो गइल बा।
- जदि रउरा परिवार के सदस्य भा दोस्त खातिर टिकट बुक कs रहल बानी, तs ओकर आधार नंबर आ OTP देवे के पड़ी।
यात्रियन खातिर फायदा
- पहिला 10 मिनट तक ऑथराइज्ड एजेंट टिकट बुक ना कs पाई लो।
- बाद में बुकिंग कइला पs ओहू लोगन के आधार वेरिफिकेशन करावे के पड़ी।
- फर्जी आईडी आ सॉफ्टवेयर से होखे वाला टिकट बुकिंग पs रोक लागी।
- आम यात्री लोगन के टिकट आसानी से मिल पाई।
Read Also: IND W vs SL W : अमनजोत-दीप्ति के अर्धशतक आ गेंदबाजन के कमाल से भारत के महिला विश्व कप में विजयी आगाज
Post Views: 17