नई दिल्ली। कांग्रेस सांसद राहुल गांधी के खिलाफ दायर मानहानि ममिला में जमानत पs सुनवाई खातिर जब ऊ भिवंडी कोर्ट जात रहलें, तs महाराष्ट्र के मुलुंड इलाका में भाजपा कार्यकर्ता करिया झंडा देखावल लोग। एह दौरान प्रदर्शनकारी कांग्रेस-विरोधी नारा लगवले सs आ “लश्कर-ए-राहुल” जइसन नारा सुनाई पड़ल।
ई मानहानि केस राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (RSS) से जुड़ल एक्टिविस्ट राजेश कुंटे दायर कइले बाड़ें। उनकर आरोप बा कि राहुल गांधी प्रचार के दौरान बयान देले रहलें कि महात्मा गांधी के हत्या में संघ के हाथ रहे। कुंटे भारतीय दंड संहिता के धारा 500 (मानहानि) के तहत शिकायत दर्ज करावत कहले बाड़ें कि एह बयान से आरएसएस के छवि खराब भइल बा।
का बा पूरा ममिला?
राहुल गांधी के भिवंडी कोर्ट में पेशी 2014 के लोकसभा चुनाव प्रचार से जुड़ल बयान पs आधारित बा। ओह समय राहुल गांधी संघ पs महात्मा गांधी के हत्या के आरोप लगवले रहलें। एह बयान के बाद संघ से जुड़ल राजेश कुंटे कोर्ट में मानहानि केस दाखिल कइले रहलें, जवना पs अब सुनवाई चल रहल बा।
भाजपा कार्यकर्ता काहे करिया झंडा देखवलें?
भाजपा के कहनाम बा कि दिल्ली में आयोजित इंडिया एआई इम्पैक्ट समिट के दौरान यूथ कांग्रेस के प्रदर्शन से कार्यक्रम बाधित भइल। एकरा विरोध में भाजपा कार्यकर्ता देस भर में कइयन जगह प्रदर्शन कइले रहे लोग। दिल्ली, सूरत, हैदराबाद सहित कइयन शहरन में विरोध देखे के मिलल।
काल्ह दिल्ली में एआई समिट के दौरान कांग्रेस यूथ के कुछ सदस्य हॉल में घुस के नारेबाजी कइले रहे लोग। एह प्रदर्शन में अमेरिका के संगे बेयपार समझौता पs सरकार के खिलाफ नारा लगावल गइल। एह घटना के बाद भाजपा आक्रामक रुख अपनवले बिया, जवना के असर अब राहुल गांधी के पेशी के दौरान भिवंडी कोर्ट जाते घरी देखे के मिलल।
Read Also: IND vs SA T20 : सेमीफाइनल के ओर एगो आउर डेग बढ़ाई भारत, एह समय से होई मुकाबला







