नई दिल्ली। ईरान आ इजरायल के बीच चल रहल तनाव के बीच भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी आ ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधु दुबई एयरपोर्ट पs फंसल बाड़ी। ऊ बर्मिंघम जात रहली।
पीवी सिंधु सनिचर, 28 फरवरी के सोशल मीडिया पs बतवली कि ऊ दुबई एयरपोर्ट पs फंसल बाड़ी। ऊ आपन आसपास के डरावना हालात के बारे में जानकारी साझा कइले बाड़ी।
सिंधु बतवली आपन हाल
पीवी सिंधु सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखली, “एहिजा हालत हर घंटा खराब होत जा रहल बा आ माहौल आउर डरावना बनत जा रहल बा।”
ऊ आगे लिखली, “कुछ घंटा पहिले एयरपोर्ट पs जहां हमनी के छिपल रहनी सs, ओकरा लगे जोरदार धमाका भइल। हमरा कोच के तुरंत ओह जगह से हटे के पड़ल, काहेकि ऊ धुआं आ मलबा के सबसे नजदीक रहलें। ई पल हमनी सब केहू खातिर बहुत टेंशन आ डर से भरल रहे।”
अब सुरक्षित बाड़ी सिंधु
सिंधु बतवली कि अब ऊ सुरक्षित बाड़ी। दुबई एयरपोर्ट स्टाफ आ स्थानीय अथॉरिटी के मदद से उनका आ टीम के सुरक्षित जगह पs ले जाइल गइल। ऊ दुबई में इंडियन हाई कमीशन के धन्यवाद देली, जवन लगातार संपर्क में रहके मदद कइलस। सिंधु कहली कि फिलहाल ऊ लोग आराम करे के कोसिस करत बा आ हालात सुधरे के इंतजार में बा।
ई घटना खेल जगत आ देसभर में चिंता के विषय बन गइल बा आ लोग उनकर सुरक्षित वापसी खातिर दुआ कs रहल बा।
Read Also: Iran Supreme Leader : का अब ईरान में होई सत्ता परिवर्तन? खामेनेई के बाद के बनी सुप्रीम लीडर?








