गोरखपुर के पुष्पा यादव एशियाई कुश्ती चैंपियनशिप में जीतली स्वर्ण पदक

Share

 

गोरखपुर के माड़ापार निवासी पुष्प यादव ओमान में आयोजित एशियन अंडर-23 एशियन चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीत के इतिहास रचले बाड़ी. पुष्पा 59 किलो भारवर्ग में इs सफलता हासिल कईले बाड़ी। उनुका जीत से उनुका गांव से खेल प्रेमी अवुरी उत्तर प्रदेश पुलिस के जश्न शुरू हो गईल बा। पुष्पा उत्तर प्रदेश पुलिस में तैनात बाड़ी।

पुष्पा के एह उपलब्धि पs जिला कुश्ती संघ के अध्यक्ष दिनेश सिंह, अंतरराष्ट्रीय पहलवान पन्नेलाल यादव, रामाश्रय यादव, राकेश सिंह, जनार्दन सिंह यादव, चंद्र विजय सिंह, सचिव माया शंकर शुक्ल, उपाध्यक्ष भारतीय कुश्ती संघ आदित्य प्रताप सिंह, माड़ापार निवासी आकुशीनगर जिला कुश्ती संघ के अध्यक्ष दीपक कुमार सिंह दीपू, शत्रुघ्न राय, विवेकानंद तिवारी, गिरधारी पहलवान, विजय बहादुर सोनकर, राजीव यादव, परशुराम यादव, धर्मवीर पटेल, सावन सिंह, अमरनाथ, जितेंद्र, ओम प्रकाश यादव आदि कुश्ती प्रेमी लोगन के बधाई आ शुभकामना दिहल गइल.

 

 

 

 

 

,

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-