Puri Jagannath Rath Yatra : रथ यात्रा के दौरान बड़हन हादसा, भगदड़ में 400 श्रद्धालु घायल आ एगो के मउत

Share

 

ओडिशा के पुरी में भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा के दौरान भगदड़ मच गईल बा.एह भगदड़ में 400 भक्त घायल हो चुकल बाड़े, जबकि एगो के मौत हो चुकल बा। बतावल जाता कि इs भक्त भगवान बलभद्र के रथ खींचत रहले अवुरी गिरला के बाद घाही हो गईले।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक भगवान जगन्नाथ के नंदीघोष रथ खींचल जात रहे। एह दौरान भारी भीड़ के चलते भक्त लोग आपस में झगड़ा शुरू कs देले, जवना के चलते भगदड़ मच गईल। रथ खींचत भक्त जमीन पs गिर गईले, जवना के चलते 400 से जादे लोग घाही हो गईले, जबकि एगो के मउत हो गईल। बतावल जा रहल बा कि साँस लेबे में असमर्थता के चलते मउत भइल.

घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल 

पुलिस अवुरी प्रशासन तुरंत घाही के अस्पताल ले गईल, जहां इलाज चलता। बतावल जाता कि करीब 50 श्रद्धालु के मामूली चोट आईल बा, जवना के प्राथमिक चिकित्सा के बाद घरे भेज दिहल गईल बा। एकरा संगे गंभीर रूप से घाही लोग के इलाज चलता।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-