सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सनिचर के 2019 में जम्मू-कश्मीर के पुलवामा में भइल आतंकी हमला में शहीद भइल सीआरपीएफ जवानन के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। ऊ कहलें कि जवानन के अदम्य साहस आ बलिदान से हर भारतीय के ताकत मिलेला। पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें कि 2019 में पुलवामा में आपन जान न्योछावर करे वाला वीर जवानन के आज इयाद करत बानी। उनकर देशभक्ति, दृढ़ संकल्प आ सेवा हमेसा हमनी के सामूहिक स्मृति में दर्ज रही। हर भारतीय के उनका हिम्मत से ताकत मिलेला।
राहुल गांधी देलें श्रद्धांजलि
लोकसभा में विपक्ष के नेता आ कांग्रेस सांसद राहुल गांधी 2019 के पुलवामा आतंकी हमला में शहीद भइल जवानन के भावपूर्ण श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। ऊ एक्स पs लिखलें कि पुलवामा में 2019 के दुस्साहसी आतंकी हमला में शहीद भइल हमनी के वीर जवानन के सच्चा श्रद्धांजलि। भारत माता के रक्षा में उनकर सर्वोच्च बलिदान खातिर देस हमेसा उनकर ऋणी रही।
उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन के बयान
उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन शहीद जवानन के इयाद कइलें। ऊ कहलें कि पुलवामा हमला में बलिदान भइल जवानन के सर्वोच्च बलिदान हमेसा राष्ट्र के स्मृति में अंकित रही आ मजबूत, सुरक्षित भारत बनावे के प्रेरणा देत रही।
पुलवामा हमला : जवना दिन देस रो पड़ल
इयाद दिला दीं कि 14 फरवरी 2019 के दिन जम्मू-कश्मीर के पुलवामा जिला में आत्मघाती हमला भइल रहे। एह हमला में 78 बसन से यात्रा करत करीब 2,500 सीआरपीएफ जवानन में से 40 जवान शहीद हो गइल रहे लोग। एह हमला के जिम्मेदारी पाकिस्तान इस्थित आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद लेले रहे।
एकरा जवाब में भारत पाकिस्तान में आतंकी ठिकानन पs हवाई हमला कइलस। पुलवामा हमला से भारत-पाकिस्तान संबंधन में तनाव बढ़ल आ जम्मू-कश्मीर में सुरक्षा आ आतंकवाद पs वैश्विक चरचा तेज हो गइल। ई दिन ‘ब्लैक डे’ के रूप में इयाद कइल जाला, जब 40 बहादुर सीआरपीएफ जवान देस खातिर आपन जान कुर्बान कइल।
Read Also: 14 फरवरी 2026 के राशिफल







