तरनतारन। पंजाब के तरनतारन जिला के गांव उसमा में इस्थित कॉलेज ऑफ लॉ में पढ़े वाली सेकेंड सेमेस्टर के छात्रा संदीप कौर के एकतरफा प्यार में गोली मार के हत्या करे वाला क्लासमेट प्रिंस राज सिंह बियफे के सबेरे दम तुड़ देलस। आरोपी प्रिंस के खिलाफ तीन दिन पहिले हत्या के ममिला दर्ज भइल रहे।
जानकारी के माेताबिक, गांव मलिया निवासी सैनिक जगजीत सिंह के बेटा प्रिंस राज सिंह संदीप कौर से एकतरफा प्यार करत रहे। सोमार के सबेरे करीब 9 बजे कॉलेज के क्लासरूम में पढ़ाई के दौरान दुनो के बीच कहासुनी भइल। एह दौरान प्रिंस अपना बैग से अवैध पिस्टल निकाल के संदीप कौर के माथा पs गोली मार देलस, जवना से उहवे ओकर मौत हो गइल।
इलाज के दौरान प्रिंस के भइल मौत
बतावल जा रहल बा कि संदीप कौर क्लासरूम में आखिरी बेंच लगे दोसरा छात्रा के संगे बातचीत करत रही। ओही समय प्रिंस ओकरा लगे पहुंच के माथा पs पिस्टल सटा के गोली चला देलस। घटना के तुरंत बाद प्रिंस खुदो के गोली मार लेलस।
गोली लगतही संदीप कौर के मवके पs मौत हो गइल रहे, जबकि प्रिंस के गंभीर हालत में अमृतसर के गुरु नानक देव अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। इलाज चलत रहे, बाकिर बियफे के सबेरे इलाज के दौरान प्रिंसो दम तुड़ देलस।
पुलिस के मोताबिक, बुध के संदीप कौर के पोस्टमार्टम करावल गइल रहे। डीएसपी जगबीर सिंह बतवलें प्रिंस राज सिंह के शव के पोस्टमार्टम करावल जाई।
बतावल गइल बा कि प्रिंस अपना माता-पिता के इकलौता बेटा रहे, जबकि संदीप कौर सात भाई-बहिन में से एगो रही। ऊ जज बने के सपना लेके लॉ के पढ़ाई करत रहली। एह दर्दनाक घटना से पूरा इलाका सदमा में बा।
Read Also: Heart Attack Risk : ना दिल के बेमारी, ना हाई बीपी, एकरा बादो आ सकेला हार्ट अटैक? जानीं असली वजह







