Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्‍ट्रपति मुर्मू आजु मना रहल बाड़ी 65वां जन्‍मदिन, जानि कइसे तय कइली आदिवासी गांव से राष्‍ट्रपति भवन के सफर

691

 

 

द्रौपदी मुर्मू जन्मदिन : राजनीति में आवे से पहिले 1979 से 1983 तक राज्य सिंचाई अवुरी बिजली विभाग में क्लर्क के काम कईली। बाद में 1994 से 1997 तक अरबिंदो इंटीग्रल एजुकेशन सेंटर, रायरंगपुर में शिक्षक के रूप में काम कइली ।

द्रौपदी मुर्मू जन्मदिन : देश के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू 20 जून के आपन 65वां जन्मदिन मनावत बाड़ी। उ 25 जुलाई 2022 के भारत के 15वां राष्ट्रपति के पद सम्हरली । राष्ट्रपति मुर्मू के भारत के उच्चतम संवैधानिक पद के संभाल कई मायने में खास रहे। देश के राष्ट्रपति बनल पहिला आदिवासी आ दूसरकी महिला रहली। देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राष्ट्रपति मुर्मू के जन्मदिन पs बधाई दिहले बाड़न।

ओडिशा के मयूरभंज जिला के रायरंगपुर के एगो आदिवासी नेता द्रौपदी मुर्मू के विनम्र स्वभाव खातिर जानल जाला। मुर्मू के जनम 20 जून 1958 के भइल रहे। अपना दृढ़ संकल्प आ मेहनत के बल पs राजनीति में आपन जगह बना के संताली गाँव से राष्ट्रपति भवन के सफर पूरा कइली।

निजी जीवन के बारे में बतावल गइल बा

द्रौपदी मुर्मू के जनम मयूरभंज जिला के उपरबेड़ा गाँव में संताली आदिवासी परिवार में भइल रहे। उनकर बाबूजी आ दादा दुनु गाँव के मुखिया रहले। उनुकर बियाह श्याम चरण मुर्मू से भईल रहे जवन बैंकर रहले। उनुका पति के निधन साल 2014 में हो गईल रहे। एकरा बाद उनुकर दुनो बेटा के भी मउत हो गईल। निजी जीवन में त्रासदी के सामना करे के बावजूद उ अपना एकलौती बेटी के बढ़िया शिक्षा के इंतजाम कईले। आज उ बैंक के अधिकारी बाड़ी।

पढ़ाई

मुर्मू आपन शुरुआती शिक्षा उपरबेडा के एगो स्थानीय प्राथमिक विद्यालय से पूरा कइलें। एकरा बाद उ उच्च शिक्षा खातिर राज्य के राजधानी भुवनेश्वर गईली। बालिका स्कूल से माध्यमिक शिक्षा पूरा कइली आ ​​बाद में उत्कल विश्वविद्यालय के तहत रामा देवी महिला महाविद्यालय से बीए के डिग्री हासिल कइली।

राजनीतिक जीवन 

राजनीति में आवे से पहिले उ 1979 से 1983 तक राज्य सिंचाई अवुरी बिजली विभाग में क्लर्क के काम कईली । बाद में 1994 से 1997 तक अरबिंदो इंटीग्रल एजुकेशन सेंटर, रायरंगपुर में शिक्षक के रूप में काम कइली। एकरे बाद राजनीति में सक्रिय भइली आ ​​2000 से 2009 ले रायरंगपुर क्षेत्र से ओडिशा विधान सभा के सदस्य के रूप में आ 2000 से 2004 ले ओडिशा सरकार में राज्य मंत्री के रूप में काम कइली। एकरा बाद उ 2015 से 2021 तक झारखंड के 8वां राज्यपाल के रूप में काम कईली । जुलाई 2022 में उ देश के सर्वोच्च पद के जिम्मा सम्हरली।

 

 

 

 

572650cookie-checkराष्‍ट्रपति मुर्मू आजु मना रहल बाड़ी 65वां जन्‍मदिन, जानि कइसे तय कइली आदिवासी गांव से राष्‍ट्रपति भवन के सफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.