राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के रांची के मोरहाबादी आ देवघर के कार्यक्रम रद्द, खाली खूंटी जइहें 

Anurag Ranjan

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के झारखंड आगमन के लेके कार्यक्रम में बदलाव भइल बा। झारखंड स्थापना दिवस के मौका प रांची के मोरहाबादी मैदान में आयोजित समारोह आ देवघर के कार्यक्रम में राष्ट्रपति सामिल ना होइहें। बतावल गइल कि राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू 14 नवंबर के जगे अब 15 नवंबर के एक दिन के दौरा प झारखंड अइहें। मंगर के सबेरे राष्ट्रपति के विमान रांची के बिरसा मुंडा हवाई अड्डा प लैंड करी। उहवां से सेना के हेलीकॉप्टर से ऊ सीधे खूंटी जइहें। उहां भगवान बिरसा मुंडा के जन्मस्थली उलिहातू इस्थित उनका घरे जाके उनकर प्रतिमा प माल्यार्पण करिहें आ उनका परिजनन से बात करिहें। फेर उहां से हेलीकॉप्टर से वापस बिरसा मुंडा एयरपोर्ट लवटिहें। एकरा बाद उहां से वापस दिल्ली खातिर रवाना हो जइहें।

पहिले 14 नवंबर के झारखंड की धरती प राखे के रहे डेग 

बता दीं कि राष्ट्रपति बनला के बाद द्रौपदी मुर्मू के ई पहिला झारखंड दौरा ह। पहिले राष्ट्रपति के 14 नवंबर के देवघर के बाबा नगरी में आवे के कार्यक्रम रहे। इहां बाबा मंदिर में पूजा अर्चना कइला के बाद रांची खातिर प्रस्थान करती। एही दिन सांझ के बेरा राजभवन में सांस्कृतिक कार्यक्रम में सामिल होखे के रहे। उहवें, रात में डिनर कार्यक्रम में सामिल होखे के रहे। रात के आराम राजभवन में कइला के बाद 15 नवंबर के सबेरे खूंटी के उलिहातू जइती। इहां भगवान बिरसा के जन्मस्थली उलिहातू में उनकर प्रतिमा प माल्यार्पण करे आ परिजनन से बात कइला के बाद रांची के मोरहाबादी में राज्य स्थापना दिवस प आयोजित सरकारी कार्यक्रम में हिस्सा लेती। बाकिर, अब उनकर कार्यक्रम में बदलाव भइल बा। देवघर आ मोरहाबादी के कार्यक्रम के रद्द क दिहल गइल बा। राष्ट्रपति अब 15 नवंबर के रांची आके इहां से खूंटी खातिर रवाना होइहें।

राज्य स्थापना दिवस प मुख्य अतिथि के तौर प सामिल होखे के रहे

पहिले के कार्यक्रम के मोताबिक झारखंड स्थापना दिवस के मवका प रांची के मोरहाबादी में आयोजित समारोह में बतौर मुख्य अतिथि सामिल होखे के रहे। बाकिर, अतवार के सांझ राष्ट्रपति के कार्यक्रम में बदलाव भइल। अब राष्ट्रपति एह समारोह में सामिल ना होइहें। बता दीं कि श्रीमति मुर्मू झारखंड के राज्यपाल रह चुकल बाड़ी। उनका आगमन के लेके इहां के लोग बहुते उत्साहित बा। एने, 15 नवंबर के राष्ट्रपति के दौरा के देखत खूंटी में झारखंड के पुलिस प्रशासन के ओर से सुरक्षा के व्यापक इंतजाम कइल गइल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।