Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

543
  1. बिहार: सीएम नीतीश कुमार के सरकारी शिक्षकन के चेतावनी; बोललें- जदि ना पढ़ाई लो त निकाल दिहल जाई, अब सनीचर के बिना बैग के स्कूल जइहें छात्र-छात्रा लो। जे शिक्षक पढ़ाई ओकर तनख्वाहो बढ़ाएम।
  2. बिहार: पीएफआई के खिलाफ कारवाई खातिर केंद्र देलस निरदेस: मुंबई के नागपाड़ा जिलाध्यक्ष के दरभंगा के SBI में अकाउंट, कुल 7 लोगन के डिटेल भेजलस। UAPA के तहत कारवाई के तहत कारवाई के निरदेस।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी में कथित शिवलिंग के संरक्षण जारी रही; सुप्रीम कोर्ट के आदेश, सब तीन पक्षन से तीन हफ्ता में मंगलस हलफनामा।
  4. उत्तर प्रदेश: आजम खान के बाद सपा के एगो आउर विधायक अभिताभ बाजपेई के कानपुर के MPMLA कोर्ट सुनवलस सजा, अपील खातिर जमानत प रिहा। आर्यनगर सीट से विधायक चुनल गइल रहस, 1 साल के सजा के भइल बा ऐलान।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा से स्थानीय नीति आ OBC आरक्षण बिल पास होखला प खूंटी में JMM कार्यकर्ता लोग मनावल जश्न। 1931 के खतियान आधारित स्थानीय निति बिल भइल बा पास।
  6. राजीव हत्याकांड के सब दोषी रिहा: SC के आदेश; जेल से निकलके नलिनी बोलली आतंकी ना हई। हमार पिछिला 32 साल संघर्ष के रहल बा। कांग्रेस बोलल- कोर्ट देस के भवनन के धेयान ना रखलस।
  7. वर्कआउट करत टीवी एक्टर के मौत: 46 साल के  सिद्धांत सूर्यवंशी के जिम में आइल हार्ट अटैक, जवना के बाद ऊ जिम में बेहोश हो गइलें। कसौटी जिंदगी से फेमस भइल रहस।
  8. MCD चुनाव खातिर AAP घोषणा पत्र जारी कइलस: केजरीवाल दिल्लीवासियन के देलें 100 गारंटी, कहलें कूड़ा के पहाड़ आ भ्रष्टाचार खतम करेम। 4 दिसंबर के होेखे के बा मतदान।
  9. भारत में ट्विटर ब्लू खातिर 719 रुपिया: कइयन यूजर्स के सब्सक्रिप्शन खातिर एपल स्टोर प पॉप-अप मिलल, ई कीमत अमेरिको से बा जादे। अमेरिका में ब्लू सब्सक्रिप्शन के कीमत 660 रुपिया।
  10. अब बदली टीम इंडिया के टी-20 टीम: हार्दिक कप्तान बन सकत बाड़े, अश्विन-कार्तिक जइसन सीनियर ना लउकी लो।
377720cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.